एसिडिटी आ ब्लोटिंग से बानी परेसान तs पिहीं ई देसी ड्रिंक्स, पेट के कइयन समस्यन से मिली आराम

Anurag Ranjan

लाइफस्टाइल डेस्क: आजकल के बिगड़त जीवनशैली में लोगन के एसिडिटी आ ब्लोटिंग के समस्या होखे लागत बा। असमय भोजन, प्रोसेस्ड फूड्स के सेवन, नींद आ एक्सरसाइज के कमी एह परेसानियन के मुख्य कारण बा। एसिडिटी आ ब्लोटिंग के वजह से लगातार डकार आवेला लोगन के सूतल तक दूभर हो जाला। अइसन इस्थिति में जदि रउआ कुछ ड्रिंक्स के सेवन करीं तs ई रउआ खातिर फायदेमंद होई। तs, आईं हमनी के रउआ के बतावत बानी सs कुछ अइसन ड्रिंक्स के बारे में जवना के पीयला से रउआ गैस आ ब्लोटिंग के समस्या से बच सकत बानी।

एसिडिटी- ब्लोटिंग में एह ड्रिंक्स के करीं सेवन:

पुदीना ड्रिंक: पुदीना ड्रिंक एसिडिटी में रउआ खातिर कारगर तरीका से काम कs सकत बानी। ई एसिड रिफ्लक्स के कम करेला, सीना के जलन में कमी ले आवेला आ फेर से पेट ठंडा करे में मदद करेला। एकरा अलावा ई डाइजेशन ठीक करे आ डाइजेस्टिव एंजाइम्स के बढ़ावहू में मददगार बा।

हींग से बनल ड्रिंक: हींग से बनल ड्रिंक रउआ खातिर कारगर तरीका से काम करेला। ई एसिड रिफलक्स के कम करे में मददगार बा। तुरंते एसिडिक पीएच के कम करेला आ एसिड के न्यूट्रीलाइज करेला। संगही जदि रउआ एसिडिटी के संगे पेट में मरोड़ बा तs ई रउआ खातिर कारगर होई।

अदरक जूस: तुलसी-अदरक के जूस रउआ खातिर कारगर तरीका से काम कs सकत बा। ई एसिड के न्यूट्रीलाइज कइला के संगे सीना के जलन के कम करेला। रउआ एह दुनो से बनल जूस के वेट लॉस खातिर इस्तेमाल कs सकत बानी। काहेकि ई मेटाबोलिक फंक्शन बढ़ावत बा आ एसिडिटी के कम करे में मदद करत बा।

छाछ: छाछ एगो अइसन देसी ड्रिंक बा, जवना के पियल पेट खातिर हमेसा से कारगर मानल गइल बा। एसिडिटी होखला पs रउआ छाछ में काला नमक मिला के पी सकत बानी। ई एसिड रिफ्लक्स के कम करत बा आ संगही पेट साफ करे में मदद करेला। एकरा से कब्ज के समस्या ना होला।

Read Also: Samsung Galaxy A26 5G भारत में लॉन्च, 5000mAh के बा बैटरी; कीमत खाली 24,999 रुपिया

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment