‘भारतीय टीम के जदि हमार जरुरत बा तs उपलब्‍ध बानी’, 103 टेस्‍ट के अनुभवी खिलाड़ी भरलें हुंकार

Anurag Ranjan

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क: चेतेश्‍वर पुजारा कहलें कि जदि भारतीय टीम के उनकर जरुरत बा तs ऊ इंग्‍लैंड दौरा पs वापसी खातिर तइयार बाड़ें। 103 टेस्‍ट में 7195 रन बनावे वाला चेतेश्‍वर पुजारा आपन आखिरी टेस्‍ट 2023 डब्‍ल्‍यूटीसी फाइनल खेलले रहस।

हालांकि, खराब फॉर्म के कारण 37 साल के पुजारा के टीम से बाहर कs दिहल गइल। एकरा बाद से भारत नंबर-3 खातिर शुभमन गिल पs भरोसा जतवलस। बाकिर पुजारा जरुरत खातिर वापसी के तइयार बाड़ें। सौराष्‍ट्र के बल्‍लेबाज रेवस्‍पोर्ट्स से बातचीत में कहलें कि जदि मवका आवत बा तs ऊ त इयार बाड़ें।

चेतेश्‍वर पुजारा का कहलें

जदि टीम के हमार जरुरत बा आ हमरा मवका मिलत बा तs हम अपना छोर से तइयार बानी। हम अपना शारीरिक फिटनेस पs काम कइनी आ घरेलू क्रिकेट में अच्‍छा प्रदर्शन कइनी। भारतीय टीम में कड़ा प्रतिस्‍पर्धा बा, बाकिर इंग्‍लैंड में 20 साल से सीरीज नइखे जीतल। जदि मवका मिलत बा तs हम अपना तरफ से सानदार प्रदर्शन करे के कोसिस करेम। ई टीम में जोगदान देवे के सानदार अवसर होई जब टीम के इंग्‍लैंड में जीत के सख्‍त जरुरत बा।

पुजारा स्‍वीकार कइले कि ऊ राष्‍ट्रीय स्‍क्‍वाड के हिस्‍सा ना होखला से निराश बानी, बाकिर खेल के प्रति प्‍यार के खातिर ऊ खुद के प्रोत्‍साहित रख रहल बानी।

जब उच्‍च स्‍तर पs केहू सफल होखे आ 100 से जादे टेस्‍ट खेलले होखे, बाकिर तबो टीम के हिस्‍सा ना होखी तs रउआ कड़ा मेहनत करेनी जवन सफलता हासिल करे के कारण होला। मवका ना मिलल बड़ निराशा बा, बाकिर हम खुद के प्रोत्‍साहित आ तइयार रखत बानी काहेकि खेल से प्‍यार बा। ओकरा प्‍यार के खातिर हम खुद के गेम के करीब रखत बानी आ बिना कवनो अपेक्षा के आपन काम करत बानी।

टीम के जीत खातिर खेलत बानी

पुजारा कहलें कि ऊ भारत खातिर पूर्व में कइल प्रदर्शन से प्रोत्‍साहन लेवेलें, जवना से राष्‍ट्रीय टीम में वापसी खातिर प्रेरणा मिलत बा।
ऊ कहलें, ‘जब रउआ फेल होत बानी तs कवनो एगो व्‍यक्ति के कारण ना बलुक रउआ बतौर टीम/ईकाई फेल होते होखे। टीम के हिस्‍सा ना होखला पs जरूर निराशा होला, बाकिर हम एकरा के सकारात्‍मक रूप से लेवे के कोसिस करेनी। हम ओह चीजन पs ध्‍यान रखत बानी, जवन हमरा नियंत्रण में ना। हम पूर्व में ऑस्‍ट्रेलिया भा इंग्‍लैंड में कहीं बेहतर प्रदर्शन कइले होखे तs ओकरा के प्रोत्‍साहन के रूप में लेत बानी।’

रणजी में कइलें कमाल

सौराष्‍ट्र के बल्‍लेबाज कहलें, हम हमेसा टीम के जीत दिलावे खातिर खेलत बानी। चाहे सौराष्‍ट्र हो भा ससेक्‍स, हमार लक्ष्‍य टीम खातिर योगदान दिहल होला। तs भारतीय टीम में मवका मिलला से हमरा बहुते प्रोत्‍साहन मिली आ हम बहुत खुस रहेम।’

बता दीं कि पुजारा 2024-25 में सौराष्‍ट्र के रणजी ट्रॉफी में प्रतिनिधित्‍व कइलें आ सात मैच के 10 पारी में 40.20 के औसत से 402 रन बनवलें। उनकर सर्वश्रेष्‍ठ स्‍कोर 234 रन रहल। भारतीय टीम 20 जून से इंग्‍लैंड के खिलाफ पांच मैचन के सीरीज के पहिला टेस्‍ट खेली।

Read Also: RR vs MI: दूसरका बड़ हार के संगे प्लेऑफ के दौड़ से बाहर राजस्थान, 2012 के बाद मुंबई के जयपुर में पहिला जीत

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment