Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ICSI CSEET January 2025: सीएसईईटी जनवरी सत्र खातिर एह तारीख तक करी आवेदन, यह दस्तावेजन के होई जरूरत

206

ICSI CSEET January 2025: भारतीय कंपनी सचिव संस्थान (ICSI) जनवरी 2025 में होखे वाला कंपनी सचिव कार्यकारी प्रवेश परीक्षा (CSEET) खातिर ऑनलाइन पंजीकरण प्रक्रिया सुरू कs देले बा। इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट icsi.edu पs जाके जनवरी 2025 सत्र खातिर पंजीकरण प्रक्रिया पूरा कs सकत बा। आवेदन के अंतिम तिथि 15 दिसंबर, 2024 बा आ परीक्षा 11 जनवरी, 2025 के निर्धारित बा।

ऊ अभ्यर्थी जे कक्षा 12वीं के अंतिम परीक्षा उत्तीर्ण कs चुकल बा भा दे रहल बा आ स्नातक विद्यार्थी सीएसईईटी खातिर आवेदन कs सकत बा लो। उम्मीदवारन के आवेदन के दौरान 2000 रुपिया के आवेदन शुल्क देवे के होई।

परीक्षा पैटर्न आ पाठ्यक्रम

परीक्षा ऑनलाइन आ रिमोट प्रॉक्टर्ड मोड में आयोजित कइल जाई। उम्मीदवार अपना घर भा कवनो आउर सुविधाजनक स्थान से ई परीक्षा दे सकत बा लो। परीक्षा के अवधि 2 घंटा (120 मिनट) बा। परीक्षा में कवनो नकारात्मक अंकन नइखे।

सीएस एग्जीक्यूटिव कोर्स प्रवेश परीक्षा उत्तीर्ण करे खातिर अभ्यर्थियन के कुल मिलाके 50 प्रतिशत भा ओकरा से जादे अंक आउर प्रत्येक पेपर में 40 प्रतिशत भा ओकरा से जादे अंक प्राप्त करे के होई।

आवेदन के दौरान एह दस्तावेजन के होई जरूरत

  • उम्मीदवार के फोटो
  • उम्मीदवार के हस्ताक्षर
  • DOB प्रमाणपत्र (10वीं पास प्रमाणपत्र)
  • 10+2 परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र/हॉल टिकट (जदि उपस्थित हो रहल बा लो)
  • 10+2 पास प्रमाणपत्र/मार्कशीट
  • श्रेणी प्रमाण पत्र (शुल्क में छूट प्राप्त करे खातिर)
  • पहचान प्रमाण (आधार कार्ड/ पासपोर्ट/ वोटर आईडी/ पैन कार्ड/ ड्राइविंग लाइसेंस/ राशन कार्ड)

ई सब दस्तावेज जेपीजी, जेपीईजी, पीएनजी, जीआईएफ, बीएमपी भा पीडीएफ में होखे के चाहीं। अधिकतम स्वीकृत फाइल आकार 2 एमबी बा। फोटो 20-50 केबी के बीच आ हस्ताक्षर 10-20 केबी के बीच होखे के चाहीं।

परीक्षा के बारे में जादे जानकारी खातिर अभ्यर्थी संस्थान के आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकत बा लो। कवनो सहायता खातिर अभ्यर्थी संस्थान से 0120 – 4522000 पs संपर्क कs सकत बा लो।

990040cookie-checkICSI CSEET January 2025: सीएसईईटी जनवरी सत्र खातिर एह तारीख तक करी आवेदन, यह दस्तावेजन के होई जरूरत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.