Corona Vaccine: ‘कोरोना वैक्सीन आ अचानक होखे वाली मौतन के बीच कवनो संबंध ना’, ICMR-AIIMS के शोध में दावा

हार्ट अटैक

Share

हेल्थ डेस्क। इंडियन काउंसिल ऑफ मेडिकल रिसर्च (ICMR) आ एम्स मिलके एगो अध्ययन कइले बा, जवना के आधार पs दावा कइल गइल बा कि देस में हो रहल अचानक मौतन के वजह कोरोना वैक्सीन नइखे। देस में 40 साल से कम उमिर के लोगन में हार्ट अटैक के ममिला बढ़ल बा आ खास कs के कोरोना महामारी के बाद एमे खासा बढ़न्ती भइल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय एह बात के पुष्टि कइले बा कि कोरोना वैक्सीन आ नवहन में दिल के दौरा पड़ला में कवनो संबंध नइखे।

कर्नाटक के सीएम के बयान पs सरकार के सफाई

दरअसल, कर्नाटक के हासन जिला में दिल के दौरा पड़ला से कइयन गो नवहन के मौत भइल बा, जवना के बाद कर्नाटक के मुख्यमंत्री सिद्धारमैया आपन एगो बयान में दिल के दौरा पड़े खातिर कोरोना वैक्सीन के जिम्मेदार बतवले रहलें, बाकिर केंद्र सरकार ओकरा दावा के खारिज कs देलस। सिद्धारमैया मंगर के कहलें कि जल्दबाजी में कोरोना वैक्सीन के मंजूरी दिहल गइल बा आ फेर तेजी से वैक्सीन के वितरण कइल गइल, अइसन में हो सकत बा कि अचानक हो रहल मौतन के वजह कोरोना वैक्सीनो हो सकत बा। उ लोगन से अपील करत कहलें कि ‘जदि केहूओ के सीना में दरद, भा सांस लेवे में तकलीफ के समस्या होखे तs तुरंत नजदीकी अस्पताल में आपन चेकअप कराईं आ लक्षणन के तनिको नजरअंदाज मत करीं।’

सरकार कहलस- अचानक मौत होखला के कइयन गो कारण

स्वास्थ्य मंत्रालय कहले बा कि अचानक हो रहल मौतन के देस के अलग-अलग एजेंसी जांच कइले बाड़ी सs आ जांच में पावल गइल बा कि एकर कोरोना वैक्सीन से कवनो सीधा संबंध नइखे। आईसीएमआर आ नेशनल सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल अपना अध्ययन में एकर पुष्टि कइले बा। सरकार कहलस कि कोरोना वैक्सीन सुरक्षित आ प्रभावकारी बा। स्वास्थ्य मंत्रालय कहलस कि अचानक हो रहल मौतन के कइयन गाे कारण हो सकत बा, जेमे जेनेटिक्स, हमार रहन-सहन आ दिनचर्या, पहिलही से कवनो बेमारी आ कोरोना संक्रमित होखला के बाद के दिक्कत सामिल बा।

आईसीएमआर आ एनसीडीसी 18 से 45 साल के लोगन के बीच अध्ययन कइलस। ई अध्ययन मई 2023 से लेके अगस्त 2023 तक 47 क्षेत्रीय अस्पतालन आ 19 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन में कइल गइल। एह अध्ययन में ओह लोगन के जांच कइल गइल जे अक्तूबर 2021 से लेके मार्च 2023 के बीच अचानक मौत के शिकार भइल। अध्ययन में पता चलल कि एह अचानक मौतन के कोरोना वैक्सीन से संबंध नइखे। अब एम्स के ओर से अइसने एगो अध्ययन कइल जा रहल बा, जवना के फंडिंग आईसीएमआर के ओर से कइल गइल बा।

अध्ययन में पावल गइल बा कि जेनेटिक म्यूटेशन के चलते दिल के दौरा पड़ला जइसन घटना बढ़ल बा। अभी अध्ययन चल रहल बा आ एकरा पूरा होखला के बादे रिपोर्ट सार्वजनिक कइल जाई। सरकार चेतवलस कि जवन दावा कइल जा रहल बा, उ आधारहीन बा आ एकरा से आम जनता के कोरोना वैक्सीन में विश्वास कमजोर होई, जबकि कोरोना वैक्सीन के वजह से कोरोना महामारी के दौरान लाखन लोगन के जान बचल बा। उल्लेखनीय बा कि कर्नाटक सीएम दावा कइले बा कि बीतल महीना में हासन जिला में 20 से जादक लोगन के मौत अचानके भइल बा।

Read Also: NASA: के हs नासा के भारतीय मूल के अंतरिक्ष यात्री अनिल मेनन? जे आपन पहिला उड़ान पs जइहें आईएसएस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-