ICC Rankings: भारत के आईसीसी रैंकिंग में दबदबा, नंबर-1 टीम के लगे बेस्ट बल्लेबाज-गेंदबाज आ ऑलराउंडर
रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया इतिहास रच देले बिया । उ अब क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे आ टी20) में पहिलका स्थान पs पहुंच गईल बिया । भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला मैच के जीतला के बाद टेस्ट रैंकिंग में पहिला स्थान हासिल कई लेले बिया । टीम इंडिया नागपुर में पारी आ 132 रनन से जीत हासिल कइले रहे। भारत एकरा से पहिले वनडे आ टी20 में भी पहिला स्थान पs रहे ।
रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया इतिहास रच देले बिया । उ अब क्रिकेट के तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे आ टी20) में पहिलका स्थान पs पहुंच गईल बिया । भारत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला मैच के जीतला के बाद टेस्ट रैंकिंग में पहिला स्थान हासिल कई लेले बिया । टीम इंडिया नागपुर में पारी आ 132 रनन से जीत हासिल कइले रहे। भारत एकरा से पहिले वनडे आ टी20 में भी पहिला स्थान पs रहे ।
भारत के दबदबा आईसीसी रैंकिंग में लगातार बढ़त जा रहल बा । टेस्ट, वनडे आ टी20 में पहिला स्थान पs काबिज होखे के अलावा टीम इंडिया के लगे टी20 में नंबर-1 बल्लेबाज, वनडे में नंबर-1 गेंदबाज आ टेस्ट में नंबर-1 ऑलराउंडरो ।
हम एहिजा रवा सभ के एहिजा हर रैंकिंग के बारे में विस्तार से बता रहल बानी …
टेस्ट टीम रैंकिंग: भारत के पहिला स्थान पs जाए खातिर विश्व के नंबर-1 टीम ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ जीत हासिल करे के रहे । उ नागपुर में कंगारूअन के बहुत बड़का अंतर से हरा देले रहे । एह जीत के बादे भारत के 115 रेटिंग अंक हो ग ईल। ओहिजे , ऑस्ट्रेलिया के 111 रेटिंग अंक बा । इंग्लैंड 106 रेटिंग के संगे तीसरा स्थान पs बा |
वनडे टीम रैंकिंग: भारत न्यूजीलैंड के खिलाफ पिछला महीना समाप्त भईल वनडे सीरीज में जीत के बाद पहिला स्थान हासिल कईले रहे । ओकरा इंदौर में खेलल गईल आखिरी वनडे मैच में 90 रनन से जीत मिलल रहे । सीरीज के 3-0 से जीतला के बाद भारत वनडे रैंकिंग में पहिला स्थान पs पहुंच गईल रहे । ओकर 114 रेटिंग अंक बा । दूसरका स्थान पs काबिज ऑस्ट्रेलिया के 112 आ तीसरका स्थान पs काबिज न्यूजीलैंड के 111 रेटिंग अंक बा ।
टी20 टीम रैंकिंग: भारत आईसीसी टी20 रैंकिंगो में पहिला स्थान पs बिया। ओकर 267 रेटिंग अंक बा । इंग्लैंड एकरा से एक रेटिंग अंक ही पीछे बा । उ 266 रेटिंग अंकन के संगे दूसरा पायदान पs बा
टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग: क्रिकेट के सबसे छोटका फॉर्मेट टी20 में भारत के सूर्यकुमार यादव नंबर-1 बल्लेबाज बाड़े | उ टी20 विश्व कप के दउरान पहिला बेर शीर्ष पs पहुंचल रहले । पाकिस्तान के मोहम्मद रिजवान दूसरका पायदान पs बाड़े । रिजवान के 836 रेटिंग अंक बा ।
वनडे गेंदबाजी रैंकिंग: तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज वनडे में गेंदबाज लोगन के रैंकिंग में पहिला स्थान पs बाड़े । न्यूजीलैंड के खिलाफ वनडे सीरीज के बाद सिराज पहिला स्थान पs पहुंचल रहले। उनकर 729 रेटिंग अंक बा । दूसरा स्थान पs ऑस्ट्रेलिया के जोस हेजलवुड बाड़े । उनका से सिराज के दू रेटिंग अंक ज्यादा बा ।
टेस्ट ऑलराउंडर रैंकिंग: छव महीना बाद पेशेवर क्रिकेट में वापसी करे वाला रवींद्र जडेजा ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिलके टेस्ट में कमाल के प्रदर्शन कईले। उ पहली पारी में पांच गो आ दूसरी पारी में दू गो विकेट लेले रहले । अतने ना उ एह मैच में जडेजा 70 रन के एगो बेहतरीन पारी खेलले रहले । उ 424 रेटिंग अंक के संगे ऑलराउंडर रैंकिंग में पहिलका स्थान पs बाड़े । उनका बाद दूसरका पायदान पs भारत के रविचंद्रन अश्विन बाड़ें। अश्विन के 358 रेटिंग अंक बा ।
Comments are closed.