[the_ad_group id="30365"]

एच० पी ० डिफेंस एकेडमी में विज्ञान आ कला प्रदर्शनी के भइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। 15 फरवरी 2023 के एच.पी.डिफेन्स एकेडमी के विद्यार्थी लोग विद्यालय प्रांगण में विज्ञानं आ कला प्रदर्शनी लगावल गइल। एह प्रदर्शनी के उद्घाटन करे खातिर कर्नल बी0 पी0 शाही आ श्रीमती अर्चना शाही जी के मुख्य अतिथि के रूप में आमंत्रित कइल गइल। मुख्य अतिथि के संगे विद्यालय के प्रधनाचार्य कमल थापा अपना कर कमलन से दीप प्रज्जवलित कs के विज्ञानं प्रदर्शनी के उद्घाटन कइल लो।

एह प्रदर्शनी में लईकन द्वारा बनावल गइल अलग-अलग मॉडल वर्षा जल संचय, इको सिस्टम, ३डी होलो ग्राम, वर्किंग मॉडल फव्वारा आदि कक्षा 8 के शिखर ,वैभव, 5 के मेधावी ,आराध्या, ख़ुशी, वेदिका, आरिशा, अर्पित, शौर्य, पार्थ द्वारा प्रदर्शित कइल गइल। केहू सौर उर्जा से सम्बंधित मॉडल प्रस्तुत कइल तs केहू पानी के फ़िल्टर करे के। विद्यार्थियन द्वारा बनावल गइल एह यंत्रन के देखके सभे अचंभित हो गइल। अमर्त्य के हाइड्रोलिक रोबोटिक हैण्ड ,आशुतोष, आदित्य के ह्यूमन हार्ट आ श्रीमती अंजलि के मार्गदर्शन में लईकन द्वारा रद्दी ,प्लास्टिक बाटल, अख़बार, गोबर आदि के प्रयोग कs के सजावटी सामान, उपयोग के वस्तु बनावल गइल।

वाईस कण्ट्रोल कार,दिव्यांश ,अंश ,अरुणोदय,पियूष,कक्षा 7 के,वर्किंग मॉडल ऑफ डे एंड नाईट, एयर क्राफ्ट, डिजिटल मैप आराध्या आ अलिशा बनाके अभिभावक लोगन के मन मोह लिहल। कार्यक्रम के सफल बनावे में रेखा, अनामिका, बबिता, अर्चना चौहान, श्रुति, मारिया फातिमा, बलराम के संगही ए.ए.वारसी समेत विद्यालय परिवार के सब सदस्यन के योगदान सराहनीय रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]