ICC Champions Trophy : जियो हॉटस्टार तुड़लस दर्शकन के रिकॉर्ड, 540 करोड़ बेर देखल गइल मैच

ICC Champions Trophy : जियो हॉटस्टार तुड़लस दर्शकन के रिकॉर्ड, 540 करोड़ बेर देखल गइल मैच

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : पाकिस्तान में आयोजित आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 में भारतीय टीम सानदार जीत के संगे समापन कइलस। एह दौरान सब मुकाबलन के लाइव टेलीकास्ट जियो हॉटस्टार पs कइल गइल आ दर्शक टूर्नामेंट के भरपूर आनंद लिहल लो। एगो नया रिकॉर्ड बनावत जियो हॉटस्टार पs 540 करोड़ से जादे बेर मैच देखल गइल।

एक समय में 6.12 करोड़ लोग देखत रहे लाइव मैच

जियो हॉटस्टार के डिजिटल सीईओ किरण मणि लिंक्डइन पs पोस्ट करत बतवलें कि आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के यात्रा बेहद सानदार रहल। एह टूर्नामेंट के 540 करोड़ से जादे बेर देखल गइल, कुल मिलाके 11,000 करोड़ मिनट तक स्ट्रीम कइल गइल आ एक समय में 6.12 करोड़ लोग लाइव मैच देखत रहे।

भारत न्यूजीलैंड के हराके तीसरका बेर जीतले रहे खिताब

चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल के 124.2 करोड़ बार देखल गइल, जेमे भारत न्यूजीलैंड के हराके तीसरका बेर खिताब जीतलस। ई मैच 6.12 करोड़ दर्शकन के संगे नया रिकॉर्ड कायम कइले रहे, जवन डिजिटल स्ट्रीमिंग खातिर एगो बड़ उपलब्धि बा। एकरा पहिले, 2023 क्रिकेट विश्व कप फाइनल में 5.9 करोड़ दर्शकन के रिकॉर्ड बनल रहे।

Read Also: WPL 2025 Final: खिताब के सूखा खत्म करे उतरी दिल्ली, सामने होई मुंबई के चुनौती; देखीं संभावित प्लेइंग 11

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-