झालावाड़ में हाइवे पs चलत ट्रक बनल आग के गोला, ड्राइवर कूदके बचवलस जान

Minee Upadhyay
झालावाड़ में हाइवे पs चलत ट्रक बनल आग के गोला

राजस्थान के झालावाड़ जिला के कलेरा स्थित एनएच 52 पs चलत ट्रक में अचानक आग लाग गईल। ड्राइवर कवनो तरह कूद के आपन जान बचा लिहलस। दमकलकर्मी बतवले कि देर रात के सूचना मिलल कि कलेरा के एनएच 52 पs बनल नयका तहसील के आगे अचानक स्टील के छड़ी से भरल एगो बड़ ट्राली में आग लाग गईल। सूचना मिलते फायर विभाग के कर्मचारी फायर ब्रिगेड के गाड़ी के संगे मौका पs पहुंचले अवुरी आग पs काबू पा लेले। दमकलकर्मी बतवले कि आधा रात में चलत ट्रक में आग लगला से पूरा ट्रक जर के राख हो गईल।

भोपाल से जयपुर जात रहे ट्रक

जइसहीं ड्राइवर के एहसास भइल कि गाड़ी में आग लागल बा, ऊ कूद के बाहर निकल गइल आ आपन जान बचा लिहलस. चालक सुरक्षित बाच गईल। ध्यान देवे वाला बात बा कि ट्रक भोपाल से आवत रहे अवुरी जयपुर के ओर जात रहे बाकिर रास्ता में ओकर तार में शार्ट सर्किट के चलते अचानक आग लाग गईल। जसही आग लाग गईल। थोड़े देर में आग भयंकर रूप ले लिहलस। एकरा चलते राजमार्ग के दुनो ओर के आवाजाही बंद हो गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।