चेहरा के ढीला त्वचा पs कसावट लाए खातीर लगाई असरदार घरेलू चीज 

Natural Skin Tightening Remedies

Share

 

 

आज के जीवनशैली अवुरी खानपान के आदत के चलते चेहरा के त्वचा जल्दी ढीला हो जाला। हालांकि समय के संगे त्वचा में झुर्री अवुरी ढीला होखल बहुत आम बात बा, बाकिर कुछ कारण से चेहरा के मजबूती कमजोर होखे लागेला। उमिर के संगे त्वचा के ढीला होखल एगो प्राकृतिक प्रक्रिया हs, बाकिर उचित देखभाल अवुरी कुछ साधारण घरेलू उपाय के मदद से आप एकरा के नियंत्रित कs सकतानी। चेहरा के त्वचा के ढीलापन अक्सर बुढ़ापा, गलत खानपान, तनाव, प्रदूषण अवुरी बहुत कारण से हो सकता। चेहरा के कसावट के त्वचा के जवान अवुरी ताजा राखे में घरेलू उपाय कारगर साबित हो सकता। इहाँ कुछ सरल अवुरी कारगर घरेलू उपाय बतावल जाता, जवना के आप आजमा सकतानी।

त्वचा के टाइट आ चमकदार रखे के घरेलू नुस्खा 

1. एलोवेरा जेल के प्रयोग

एलोवेरा में विटामिन सी अवुरी ई के भरपूर मात्रा होखेला, जवन कि त्वचा के पोषण अवुरी ओकरा के टाइट राखे में मदद करेला। एलोवेरा जेल सीधा चेहरा पs लगा के 15-20 मिनट ले राखी। ओकरा बाद गुनगुना पानी से धो लीं। नियमित इस्तेमाल से आपके त्वचा टाइट महसूस होई

2. अंडा के सफेदी 

अंडा के सफेदी त्वचा के कसाव देवे अवुरी छिद्र के सिकुड़े में मददगार होखेला। अंडा के सफेद हिस्सा निकाल के चेहरा पs लगाई। सुखला के बाद गुनगुना पानी से धो लीं। ई मास्क हफ्ता में 1-2 बेर करीं।

3. शहद आ नींबू के मिश्रण

शहद एगो प्राकृतिक मॉइस्चराइजर हs अवुरी नींबू में विटामिन सी होखेला जवन कि त्वचा के चमकदार अवुरी टाइट बनावे में मदद करेला। आधा चम्मच नींबू के रस के 1 चम्मच शहद में मिला के 10-15 मिनट ले चेहरा पs लगाई। एकरा बाद पानी से धो लीं।

4. नारियल तेल के मालिश के काम

नारियल तेल त्वचा के नमी के बरकरार राखेला अवुरी त्वचा के कसाव देवे में भी मदद करेला। रात में सुते से पहिले अपना चेहरा के गुनगुना नारियल तेल से 5-10 मिनट ले मालिश करीं। एकरा के रात भर छोड़ दीं।

5. चंदन आ गुलाब के पानी के फेस पैक

चंदन त्वचा के ठंडा करेला अवुरी एकरा के टाइट रखले में भी मदद करेला। 2 चम्मच चंदन पाउडर में पर्याप्त गुलाब के पानी मिलाके पेस्ट बनाईं। एकरा के चेहरा पs लगा के सुखला के बाद धो लीं। हफ्ता में 2-3 बेर अयीसन करीं।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-