JioHotstar : Hotstar ऐप के नया नाव भइल जियोहॉटस्टार, एके प्लेटफार्म पs IPL, WPL आ ब्लॉकबस्टर शोज

JioHotstar

Share

डिज्नी, रिलायंस अवुरी वायकॉम18 के विलय पछिला साल नवंबर में भईल रहे अवुरी तब से हमनी के एs नाया प्लेटफॉर्म के घोषणा के इंतजार करत रहनी। अंत में जियोसिनेमा आ डिज्नी+ हॉटस्टार के विलय के बाद डिज्नी+ हॉटस्टार के नाव बदल के जियोहॉटस्टार कर दिहल गइल बा। जी हाँ, हम अपना फोन पs देखनी कि अब हॉटस्टार के नाव अवुरी लोगो दुनो बदल गईल बा। साफ बा कि अब जियोस्टार के सीधा मुकाबला नेटफ्लिक्स अवुरी प्राइम वीडियो जईसन ऐप से होई। भारत में इs दुनो ऐप काफी ट्रेंड बा। हमनी के आगे रउआ के जियोहॉटस्टार के सदस्यता के विवरण अवुरी उपलब्ध कंटेंट के बारे में जानकारी दिहल जाए।

इहो पढ़ीं:भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

हॉटस्टार के नाव बदल के जियोहॉटस्टार हो गईल

आज सबेरे हमनी के देखनी जा कि प्ले स्टोर से मोबाइल पs पहिलही से डाउनलोड भईल हॉटस्टार के अपडेट कईला के बाद एकर नाव अवुरी लोगो दुनो बदलता। अपडेट के बाद फोन पs हॉटस्टार के नाव नाव बदल के जियोहॉटस्टार कs दिहल गईल। हालांकि जब हमनी के जांच कईनी तs जियोसिनेमा ऐप अबे फोन पs पहिले निहन आपन कंटेंट के संगे मौजूद रहे अवुरी ओकरा में कवनो बदलाव ना भईल।

जियोहॉटस्टार के ऐप पs दिहल जानकारी के मुताबिक एs ऐप पs उपलब्ध सभ प्लान से प्लेटफॉर्म पs उपलब्ध सभ कंटेंट पहुंच हो जाई। एकरा साथे एहमें असीमित लाइव खेल, जइसे कि क्रिकेट, टेनिस ग्रांड स्लैम, प्रीमियर लीग आ अउरी बड़हन टूर्नामेंट शामिल होखीहें. एकरे अलावा, यूजर टीवी पs प्रसारित होखे से पहिले नया भारतीय फिलिम, जियोहॉटस्टार स्पेशल आ स्टार सीरियल सभ के डिजिटल प्रीमियर देख सके लें। एकरे अलावा, डिज्नी+ ओरिजिनल्स, लोकप्रिय डिज्नी फिलिम, आ किड्स शो भी अंगरेजी आ चुनिंदा भारतीय भाषा सभ में देखे खातिर उपलब्ध होखी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

जियोहॉटस्टार (JioStar) सब्सक्रिप्शन प्लान आ कीमत

जियोहॉटस्टार के संगे तीन अलग-अलग प्लान बा, जवन कि यूजर के अलग-अलग जरूरत के मुताबिक बनावल गईल बा।

*मोबाइल (विज्ञापन के साथ) योजना के कीमत ₹149 प्रति 3 महीना अवुरी ₹499 प्रति साल बा, जवना से एक बेर में खाली एक मोबाइल डिवाइस पs सुविधा मिली।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

*सुपर (विज्ञापन के संगे) प्लान के कीमत ₹299 प्रति 3 महीना अवुरी ₹899 प्रति साल बा। एह योजना में एक साथ दू गो डिवाइस पs देखल जा सकेला आ मोबाइल, वेब आ सपोर्टेड लिविंग रूम डिवाइस पs उपलब्ध होखी. इs प्लान जियो ब्रॉडबैंड हॉटस्टार पार्टनर प्लान पs भी लागू बा।

*प्रीमियम (एड फ्री) प्लान के कीमत ₹299 प्रति महीना बा (जवन कि खाली वेब ब्राउज़र के माध्यम से खरीदल जा सकता)। एकरा साथे अगर रउआ ई प्लान 3 महीना खातिर लेत बानी तs रउआ ₹ 499 देवे के पड़ी आ अगर रउआ एक साल खातिर लेत बानी तs रउआ ₹ 1499 देवे के पड़ी। एह योजना में रउरा एके साथे चार गो डिवाइस पs मिल जाई आ ई सगरी सपोर्टेड प्लेटफार् पs उपलब्ध होखी. ई योजना पूरा तरीका से विज्ञापन मुक्त अनुभव देला, हालाँकि लाइव खेल आ अउरी लाइव शो सभ में बिज्ञापन जारी रही।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-