WhatsApp में आए वाला बा काम के फीचर, अब अलग-अलग भाषा में कs सकब बात

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2025

जइसहीं इंस्टेंट मैसेजिंग के नाम सामने आवेला, व्हाट्सएप एप्लीकेशन सोझा आवेला।  व्हाट्सएप फिलहाल दुनिया के सबसे बड़ इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म बा।  दुनिया भर में रोज लाखों लोग एकर इस्तेमाल अपना महत्वपूर्ण काम खातिर करेला।  एही

Share

WhatsApp

जइसहीं इंस्टेंट मैसेजिंग के नाम सामने आवेला, व्हाट्सएप एप्लीकेशन सोझा आवेला।  व्हाट्सएप फिलहाल दुनिया के सबसे बड़ इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म बा।  दुनिया भर में रोज लाखों लोग एकर इस्तेमाल अपना महत्वपूर्ण काम खातिर करेला।  एही बीच व्हाट्सएप अपना यूजर्स खातिर एगो नया फीचर ले आवे वाला बा जवना से बहुत काम बहुत आसान हो जाई।

बता दीं कि व्हाट्सएप अपना यूजर्स के सुविधा खातिर नया नया फीचर आ अपडेट ले के आवत रहेला.  कंपनी के कोशिश बा कि यूजर के नाया फीचर के संगे एगो नाया अनुभव दिहल जाए।  अब कंपनी अपना इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप के अनुवाद क्षमता में सुधार करे के कोशिश करतिया। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

अलग अलग भाषा बोलल आसान हो जाई

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप के आवे वाला फीचर के संबंध में आवे वाली रिपोर्ट के मुताबिक, व्हाट्सएप फिलहाल एगो अयीसन फीचर पs काम करतिया, जवना में एप स्वचालित रूप से भाषा के पहचान कs एकर अनुवाद कs दिही।  एह फीचर के बाद यूजर के इs कमांड ना देवे के पड़ी कि कवना भाषा में कवनो संदेश आईल बा। एs फीचर के शुरूआत के बाद व्हाट्सएप यूजर के अलग-अलग भाषा में बात कईल आसान हो जाई।

ट्रांसलेशन खातीर इंटरनेट के ना होई जरूरत


बता दीं कि व्हाट्सएप के इs फीचर डाउनलोड करे वाला लैंग्वेज पैक्स के मदद से काम करी।  कंपनी इहो कहलस कि अलग-अलग भाषा में बातचीत के दौरान कवनो यूजर के कवनो डेटा बाहरी स्रोत में ना जाई।  एकरा संगे उपयोगकर्ता के निजता पूरा तरीका से बनल रही।  व्हाट्सएप के एs आवे वाला फीचर में सबसे जरूरी बात इs बा कि अनुवाद खातीर इंटरनेट के जरूरत ना होई।  मतलब ऑफलाइन रहला के दौरान भी एकर इस्तेमाल कs सकेनी।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.