गोरखपुर: गोरखपुर के मानवेंद्र आ डॉ. शरण दास के साथे 16 के सम्मान

Share

22 जनवरी के अयोध्या में प्राण प्रतिष्ठित भइल रामलला के मूर्ति के रेखांकन करे वाला वाराणसी के सहायक प्रोफेसर डॉ. सुनील विश्वकर्मा के उत्तर प्रदेश राज्य ललित कला अकादमी के ओर से सम्मानित कइले। डॉ. विश्वकर्मा के बनावल रेखाचित्र के आधार पs मूर्तिकार अरुण योगीराज रामलला के मूर्ति तइयार कईले बाड़े। उनुका के पद्मश्री बाबा योगेन्द्र कला सम्मान से सम्मानित कइल गइल। संस्कृति निदेशालय, उत्तर प्रदेश के स्वायत्तशासी संस्थान के पुरस्कार बीयफ़ें के घोषणा भईल रहे। ईs पुरस्कार गणतंत्र दिवस पs राजभवन के गांधी सभागार में आयोजित एगो समारोह में दिहल गइल। गोरखपुर रंगमंच खातिर समारोह के मुख्य अतिथि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रहले। अध्यक्षता राज्यपाल आंनदी बेन पटेल कइली।

एह मउका पs खेल आ युवा कल्याण के राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) गिरीश चंद्र यादव भी मौजूद रहले। एह समारोह में मेरठ के डॉ मनीष कुमार जैन के जैन शोध संस्थान से जैन संस्कृति संवर्धन पुरस्कार दिहल गइल। कहानीकार, आलोचक आ प्रेरक वक्ता डॉ. जैन के शोध, लेखन आ शोध खातिर सम्मानित कइल गइल। संत कबीर अकादमी के ओर से गोरखपुर में सतगुरु कबीर आश्रम, बालखुर्द, चौरीचौरा, गोरखपुर के डॉ. शरण दास शास्त्री के संत कबीर अकादमी से नवाजल गइल। ईs सम्मान कबीर दर्शन विधा में दिहल गइल। गोरखपुर के मनवेंद्र कुमार त्रिपाठी के निर्देशन खातिर आचार्य भरतमुनि पुरस्कार दिहल गइल। उs 20 साल से गोरखपुर सक्रिय रंगमंच से जुड़ल बाड़े।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-