Hong Kong Fire : हांगकांग अग्निकांड में अब तक 55  के मौत, 279 लोग लापता

Share

सेंट्रल डेस्क। हांगकांग के रिहायशी इमारतन में लागल भीषण आग में मरल लोगन के गिनती बढ़ के 55 हो गइल बा, जबकि 279 लोग अभियो लापता बतावल जा रहल बा। एह अग्निकांड के हांगकांग के इतिहास में सभसे भयानक हादसा में से एक मानल जा रहल बा।

चीनी मीडिया के रिपोर्ट के मोताबिक, कुल 68 लोग अस्पताल में भर्ती बा लोग। एमे 16 लोगन के हालत बहुते गंभीर बा, जबकि 25 लोग गंभीर रूप से चोटिल बा, बाकिर जान के खतरा से बाहर बा लोग। पुलिस जांच में पता चलल कि इमारतन पs लगावल सुरक्षा नेट, वाटरप्रूफ कैनवास आ प्लास्टिक के चादर के चलते आग फटाफट फइल गइल। खिड़की सील करे में इस्तेमाल भइल पॉलीयूरेथेन फोम- जवन खुद बहुते ज्वलनशील पदार्थ हs- आग के आउर हिंसक बनवलस।

ई घटना हांगकांग के उपनगरीय इलाका ताई पो में भइल। स्थानीय प्रशासन के मोताबिक, आग सुरुआत में एगो इमारत में लागल, बाकिर सांझ तक सात गो इमारतन तक फइल गइल। चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग एह हादसा पs दुख जतवलें आ मृतक लोगन के प्रति संवेदना प्रकट कइलें। ऊ आग के घटना पs संबंधित अधिकारी लोगन से रिपोर्ट मंगले बाड़ें।

हादसा के बाद 900 से जादे लोगन के बचा के सुरक्षित जगह पs ले जाइल गइल, आ बहुत लोगन के अस्थायी कैंप में शिफ्ट कइल गइल।

हांगकांग पुलिस एह अग्निकांड में अब तक तीन लोगन के गिरफ्तार कइले बिया, एमे निर्माण कंपनी के निदेशक आ सलाहकार सामिल बा लोग। एगोरो पs निर्माण में भारी लापरवाही करे के आरोप लागल बा।

अग्निकांड के जांच करे खातिर हांगकांग प्रशासन एगो विशेष जांच समिति बनवले बा, जवन आग लागे के सही कारण के बारीकी से जांच करी।

इमारतन के बाहरी हिस्सा पs बांस के मचान लगावल रहे, आ तेज फइलल आग ओही मचानन के चपेट में ले लेलस, जवन आग के आउर भयावह बना देलस।

अग्निशमन विभाग के मोताबिक, 140 से जादे फायर ट्रक, 60 से जादे एंबुलेंस आ सइयन गो फायर ब्रिगेड के जवान आ पुलिसकर्मी मौका पs तैनात बाड़ें। बहुत हद तक आग पs कंट्रोल पा लिहल गइल बा। हादसा में एगो फायर ब्रिगेड के जवान के मौत भइल बा।

Read Also: BJP Attack on Rahul Gandhi : भाजपा के आरोप- राहुल गांधी के टीम देस के अपमान करे में लागल बिया, बिदेसी सोशल मीडिया अकाउंट से साजिस रचल जा रहल बा साजिश

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-