Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

24 जुलाई के इतिहास, जानी देश दुनियां के अहम घटना के बारे में

399
Google Ads 300*250 for posts

शतरंज के खेल में अपना धैर्य से अपना प्रतिद्वंदी के गलती करे खातिर मजबूर करे वाली एस विजयलक्ष्मी साल 2000 के 24 जुलाई के देश के पहिला महिला ग्रांडमास्टर बने के गौरव हासिल कर लिहले रहली। 25 मार्च 1979 के जनमल विजयलक्ष्मी कम उमिर से शतरंज टूर्नामेंट जीते लगली।

राष्ट्रीय खिताब के अलावा अंतरराष्ट्रीय स्तर पर भी आपन योग्यता साबित करे में कामयाब भइली आ साल 2000 में देश के पहिला महिला ग्रांडमास्टर बने के सम्मान मिलल।

देश आ दुनिया में 24 जुलाई के कुछ अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  • 1793 : फ्रांस कॉपीराइट कानून बनवलस।
  •  1823 : चिली में गुलामी खतम हो गइल।
  •  1870 : अमेरिका में पहिला रेल सेवा शुरू भइल।
  •  1890 : सोवा बाजार क्लब पहिला बेर कवनो अंग्रेजी फुटबाल टीम (ईस्ट सरे) के खिलाफ जीतल।
  •  1911 :माया सभ्यता के खोवल शहर माचुपिचू के खोज हार्म बेहन कइले।
  •  1923 : लॉज़ेन के संधि भइल. आधुनिक तुर्की के सीमा सभ के निपटारा स्विट्जरलैंड में ग्रीस, बुल्गारिया आ पहिला बिस्व जुद्ध में शामिल अउरी देस सभ के बीच हस्ताक्षरित एह संधि से भइल।
  •  1932 : रामकृष्ण मिशन सेवा प्रतिष्ठान के स्थापना
  •  1938 : इंस्टेंट कॉफी के खोज भइल।
  •  1969 : अपोलो-11 अंतरिक्ष यान पृथ्वी पर वापस आ गइल।
  •  1974 : अमेरिका के शीर्ष अदालत देश के तत्कालीन राष्ट्रपति निक्सन के दोषी ठहरवलस।
  •   1987 : मशहूर उपन्यासकार जेफ्री आर्चर डेली स्टार अखबार का खिलाफ करोड़ों पाउंड के मानहानि के मामिला जीत लिहलन ।
  •   1999 :अमेरिकी अंतरिक्ष यान कोलंबिया के सफल प्रक्षेपण भइल।
  •  2000 : एस विजयलक्ष्मी शतरंज के पहिला महिला ग्रैंडमास्टर बनली।
  •  2005 : उत्तर आ दक्खिन कोरिया के बीच कोरियाई इलाका के परमाणु हथियार से मुक्त करावे खातिर सहमति बनल।
905070cookie-check24 जुलाई के इतिहास, जानी देश दुनियां के अहम घटना के बारे में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.