AFCAT Admit Card 2024: जारी भइल एयर फोर्स कॉमन एडमिशन टेस्ट खातिर एडमिट कार्ड, नव अगस्त से होखे के बा परीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2024

भारतीय वायु सेना (IAF) फ्लाइंग ब्रांच, ग्राउंड ड्यूटी (टेक्निकल और नॉन-टेक्निकल) ब्रांच आ NCC स्पेशल एंट्री खातिर जुलाई 2025 में सुरू होखे वाला बैच में भर्ती खातिर आयोजित कइल जाये वाला एयर फोर्स कॉमन एडमिशन

Share

भारतीय वायु सेना (IAF) फ्लाइंग ब्रांच, ग्राउंड ड्यूटी (टेक्निकल और नॉन-टेक्निकल) ब्रांच आ NCC स्पेशल एंट्री खातिर जुलाई 2025 में सुरू होखे वाला बैच में भर्ती खातिर आयोजित कइल जाये वाला एयर फोर्स कॉमन एडमिशन टेस्ट (AFCAT) 02/2024 में सम्मिलित होखे खातिर प्रवेश पत्र (AFCAT Admit Card 2024) जारी कs दिहल गइल बा। वायु सेना के ओर से प्रवेश पत्र आज माने बुध, 24 जुलाई के सबेरे 11 बजे जारी कइल गइल।

AFCAT Admit Card 2024: प्रवेश पत्र afcat.cdac.in से करी डाउनलोड

अइसन में जवन उम्मीदवार IAF के AFCAT 02/2024 खातिर पंजीकरण कइले बा। प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित होखे खातिर आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड करे खातिर आधिकारिक पोर्टल, afcat.cdac.in पs विजिट करी। फेर उम्मीदवार होम पेज पs दिहल गइल लिंक भा नीचे दिहल डायरेक्ट लिंक से डाउनलोड पेज पर जा सकत बानी। एह पेज पs उम्मीदवारन के आपन पंजीकृत ईमेल आइडी आ पासवर्ड के डिटेल से लॉग-इन करे के होई। लॉग-इन के बाद उम्मीदवार आपन प्रवेश पत्र (AFCAT Admit Card 2024) डाउनलोड कs सकी लो।

9 अगस्त से होखे के बा परीक्षा

IAF AFCAT 02/2024 के आयोजन के तारीख के घोषणा अधिसूचना में कs देले रहे। अधिसूचना के मोताबिक परीक्षा नौअगस्त से 11 अगस्त तक आयोजित कइल जाये के बा। परीक्षा तीनो तिथियन पs 2-2 घंटा के दु पालियन में आयोजित कइल जाई, जवन कि सबेरे 10 बजे आ दुपहरिया तीन बजे सुरू होई। उम्मीदवार के आवंटित पाली के निर्धारित समय से दु घंटा पहिले अपना परीक्षा केंद्र पs रिपोर्ट करे के होई। परीक्षा से जुड़ल निरदेस उम्मीदवार परीक्षा अधिसूचना आ जारी कइल गइल प्रवेश पत्र (IAF AFCAT Admit Card 2024) पs देख सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.