ऑस्ट्रेलिया में शक्तिशाली भूकंप से हिलल धरती, 7.1 होला बेहद खतरनाक तीव्रता

Share

ऑस्ट्रेलिया में एगो शक्तिशाली भूकंप आईल बा। आस्ट्रेलिया के लॉयल्टी आइलैंड्स के दक्षिण-पूर्वी हिस्सा में शनिचर के दिने तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूएसजीएस) के कहना बा कि भूकंप के तीव्रता 7.1 रिक्टर पैमाना पे आइल बा। शुक्रवार के भी 7.7 तीव्रता के भूकंप आईल रहे। न्यूज एजेंसी सिन्हुआ के खबर के मुताबिक, यूएसजीएस के ताज़ा अपडेट के मुताबिक, भूकंप के केंद्र 3.062 डिग्री दक्षिण अक्षांश अवुरी 170.456 डिग्री पूर्व देशांतर प 36 किमी गहराई पे भूमिगत रहे। यूएसजीएस के मुताबिक, सुबह 1.51 बजे आईल शुरुआती भूकंप के बाद सबेरे 2.09 बजे 6.5 तीव्रता के आफ्टरशॉक आईल।

अमेरिकी सुनामी चेतावनी प्रणाली के कहना बा कि फिजी, किरिबाती, वानुआतु आ वालिस आ फ्यूचूना के तट से सामान्य से ऊपर के ज्वार के ऊंचाई 0.3 मीटर ले सीमित रहे के उमेद बा। बियफे के दिने आइल 7.7 तीव्रता वाला भूकंप के बाद आस्ट्रेलिया के मौसम विज्ञान ब्यूरो एलान कइलस कि लार्ड होवे द्वीप खातिर सुनामी के चेतावनी दिहल गइल बा । लॉयल्टी आइलैंड्स, न्यू कैलेडोनिया के तीन गो प्रशासनिक उपबिभाग सभ में से एक हवे जेह में प्रशांत में लॉयल्टी दीप दीपसमूह सामिल बा जे न्यूग्रांडे टेरे के न्यू कैलेडोनियन मुख्य भूमि के उत्तर-पूर्व में स्थित बा।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-