[the_ad_group id="30365"]

लोक राग के आयोजन बिहान, नवहा प्रतिभागियन के दिखी उत्साह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहान होई पारंपरिक लोकगीतन के प्रतियोगिता “लोकाराग के आयोजन

गोरखपुर: गोरखपुर के सांस्कृतिक संस्था पुरवाई कला गोरखपुर बिहान पारंपरिक लोकगीतन के प्रतियोगिता “लोकाराग” बिहान 21 मई माने अतवार के आयोजित करी। दिग्विजय नाथ पीजी कॉलेज सिविल लाइंस के संवाद कक्ष में आयोजित होखे वाला प्रतियोगिता में प्रतियोगियन के आयु सीमा अधिकतम 25 साल निर्धारित बा।

सबेरे 9 बजे से प्रतिभागी लोग आपन रजिस्ट्रेशन करा सकी लो। प्रतियोगिता के विधिवत सुरुआत 11 बजे से उद्धघाटन सत्र से होई। ओकरा बाद 11:30 बजे प्रतिभागियन खातिर प्रतियोगिता सुरू होई आ पुरस्कार वितरण 01 बजे से सुरू होई। प्रतियोगिता के बारे में सब जानकारी देत संयोजक हृदया त्रिपाठी बतवली कि प्रतियोगी लोगन के ई सुनिश्चित कइल जरुरी बा कि ओह लोगन द्वारा दिहल गइल प्रस्तुति पारंपरिक लोकगीतन के अंतर्गत होखे के चाहीं। कार्यक्रम स्थल पs संस्था के तरफ से वादक उपलब्ध करावल जाई।

बता दीं कि गोरखपुर से संचालित सांस्कृतिक संस्था पुरवाई कला गोरखपुर के स्थापना स्मृतिशेष डॉ० राजीव केतन जी के द्वारा भइल रहे। संस्था के सचिव ममता केतन, मंत्री श्री प्रेमनाथ आउर संयोजक हृदया त्रिपाठी एह प्रतियोगिता के सफल आयोजन खातिर लगातार प्रयासरत रहल बा लो।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]