दिल्ली में हाई अलर्ट:तहरीक-ए-तालिबान ई-मेल भेज के ब्लास्ट के धमकी देहलस,

Share

देश के राजधानी दिल्ली पs एक बेर फिर आतंकी खतरा मंडरा रहल बा। तहरीक-ए-तालिबान के इंडिया सेल दिल्ली में हमला कइले के धमकी देहले बा। धमकी मिलले के बाद पूरा दिल्ली में हाई अलर्ट जारी कs देहल गइल बा। दिल्ली पुलिस  मंगलवार देर रात सरोजनी मार्केट समेत कई बाजार में सर्च ऑपरेशनो चलवलस।

दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल के एगो अफसर बतवने कि तहरीक-ए-तालिबान के नाम से कुछ लोग के धमकी भरल ई-मेल भेजल गइल बा, जेमें दिल्ली में ब्लास्ट कइले के बात कहल गइल बा। ई लोग उत्तर प्रदेश पुलिस के ए ई-मेल्स के बारे में शिकायत कइने। UP पुलिस तुरंते दिल्ली पुलिस के एकर जानकारी देहने।

दिल्ली के साथ उत्तर प्रदेश में भी सिक्योरिटी अलर्ट
दिल्ली पुलिस के एगो अफसर बतवने कि धमकी भरल मेल करे वाला आदमी तहरीक-ए-तालिबान इंडिया संगठन से जुड़ल बा। उहवें, UP पुलिस के एगो अधिकारी कहने कि धमकी भलही दिल्ली खातिर मिलल होखे, लेकिन हमनिके UP में भी अलर्ट रहे खातिर कहल गइल बा।

 

साभार – दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-