Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ में भारी बारिश से तबाही, आज स्‍कूल-दफ्तर सब बंद; प्रशासन लोगन के घरे में रहे के सलाह

यूपी के राजधानी लखनऊ में लवतट मानसून एक दिन के अंदर रिकॉर्ड बारिश से तबाही मचा देले बा। हालात के देखते स्‍कूल-दफ्तर सब बंद करा दिहल गइल बा। लोगन के घरे में रहे के हिदायत दिहल गइल बा।

307

राजधानी लखनऊ में एक दिन के अंदर रिकॉर्ड बारिश तबाही मचा देले। लोगन के कहनाम बा कि हाल-फिलहाल एतना जबरदस्‍त बरखा ना भइल रहे। राजधानी के ज्यादतर इलाकन में बिजली गुल हो गइल बा। तड़के तीन बजे से कमिश्‍नर आ नगर आयुक्‍त हालात के जायजा लेवे खातिर निकलल लो। स्थिति के देखत कमिश्‍नर डॉ. रोशन जैकब जिला के सब सरकारी, गैर सरकारी, मान्‍यता प्राप्‍त आ निजी स्‍कलन के सुक के बंद रखे के आदेश देले बाड़ें। एकरा अलावे सब सरकारी आ गैर सरकारी कार्यालयन के बंद कइल गइल बा। प्रशासन लोगन के घरन के भीतर रहे के सलाह देले बा।

विश्‍वविद्यालयन आ आउर उच्‍च शिक्षण संस्‍थानन के सलाह दिहल गइल बा। विश्‍वविद्यालयन में अवकाश के निर्णय कुलपति अपना स्‍तर प लिही लो। आधा रात से सुरू भइल भारी बरखा के चलते राजधानी के कइयन गो इलाका में पानी भर गइल। कवनो हादसा के आशंका से बाचे खातिर तमाम इलाकन में बिजली काटे के पडल। जगह-जगह से नगर निगम कंट्रोल रूम में पानी भरला के सूचना आवे लागल, तs भिनसुहारे 3 बजे कमिश्‍नर डॉ.रोशन जैकब आ नगर आयुक्‍त इंद्रजीत सिंह समेत तमाम बड़ अधिकारी भ्रमण प निकल पड़ल लो। रिवर बैंक‍ कॉलोनी शक्तिनगर, त्रिवेणी नगर समेत कइयन गो इलाका में अधिकारी लो घूमके जायजा लिहल। पंपिंग सेट लगाके पानी निकाले के काम युद्धस्‍तर प कइल जा रहल बा। प्रशासन लोगन के बहुत जरूरी ना होखला प घरे में रहे के सलाह दिहल गइल बा।

बता दीं कि भारतीय मौसम विभाग बिहनही भारी से भारी बरखा के चेतावनी जारी कइले रहे। आईएमडी के सैटेलाइट इमेज में लखनऊ के ऊपर घन बादलन के जमावड़ा दिखल रहे। सबेरे-सबेरे डीएम सूर्यपाल गंगवार द्वारा जारी आदेश में बतावल गइल बा कि भोर में 3:45 बजे नगर आयुक्‍त से मिलल सूचना के आधार प 16 सितम्‍बर के सब बोर्ड्स के बारहवीं तक के शहरी आ ग्रामीण क्षेत्रन के सभे सरकारी, गैर सरकारी आ प्राइवेट स्‍कूलन के अवकाश घोषित कइल गइल बा। ऊ विद्यालयन के वाट्सएप आदि के माध्यम से अभिभावकन के तत्‍काल एह जानकारी के उपलब्‍ध करावे के निरदेसो देले।

शहर के निचलल हिस्‍सन में भरल पानी, नाला उफनाइल

लगातार हो रहल बरखा के चलते लखनऊ के निचला इलाकन में भारी जलभराव हो गइल बा। कइयन गो इलाकन में नाला उफनइला से गलियन में पानिये पानी भरल बा। कइयन इलाकन में नाला उफान पs बा। बरखा आ तेज हवा के चलते कुछ इलाकन में गाछ-बिरिछ आ होर्डिंग गिर गइल बा।

3 डिग्री तक गिरल राजधानी के पारा

बता दीं कि बियफे के भोरे से साँझ ले राजधानी लखनऊ में रुक-रुकके बरखा होत रहल। पारा तीन डिग्री तक गिर गइल। इलाकन में बिजली गुल हो गइल। बरखा के वजह सड़कन प जगे-जगे जाम लाग गइल। लोगन के भारी दिक्‍कतन के सामना करे के पड़ी। कइयन गो स्‍कूलन में बिहनही बरखा के देखत दु दिन के छुट्टी के ऐलान क दिहल गइल रहे।

हेलीकॉप्‍टर के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल

यूपी में पूरब से पश्चिम टुकड़न में भारी बरखा हो रहल बा। बरखा के चलते बाराबंकी में एगो हेलीकॉप्‍टर के इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल।

रात आठ बजे तक लखनऊ में 30 मिमी बरखा, धान के फसल के मिलल संजीवनी

लखनऊ में रात आठ बजे तक 30 मिमी बरखा भइल। बरखा से धान के फसलन के संजीवनी मिल गइल बा। एकरा से सूखा के असर कुछ कम होई।

साभार: हिन्दुस्तान

331290cookie-checkलखनऊ में भारी बारिश से तबाही, आज स्‍कूल-दफ्तर सब बंद; प्रशासन लोगन के घरे में रहे के सलाह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.