Coffee Side Effects: गर्मियन के मौसम में कॉफी के एको घूंट बा जहर! इहां जानीं एकरा से होखे वाला नुकसान

Share

गर्मियन के मौसम में तनियो देर खातिर घर से बाहर गइला से राउर देह के एनर्जी कम हो सकत बा। तपत घाम से लड़े खातिर जरूरी बा कि हमनी के आपन डाइट सही रखीं सs आ अइसन फूड आइटम्स के मत खाईं सs, जवना के कारण गर्मियन में नुकसान हो सकत बा। एही फूड आइटम में से एगो बा कॉफी।

रोज हर केहू लगभग एक भा दु कप कॉफी पी लेला। तपत गर्मियों में लोग ऑफिस आके सबसे पहिले कॉफी पी लेला। ई राउर काम करे के एकाग्रता में जरूर मदद करेला, बाकिर एमे मवजूद कैफीन सेहत पs नेगिटिव प्रभाव डालेला। गर्मियन में जब तापमान बढ़ जाला, तs राउर देह के ठंडा रखे के जरूरत होला आ कॉफी एमे मदद ना करेला। आईं जानल कॉफी पीये से होखे वाला नुकसान के बारे में।

कॉफी पीये से होखे वाला नुकसान

डिहाइड्रेशन

कॉफी में पावल जाये वाला कैफीन के जादा लेला से देह के तापमान बढ़ सकत बा, जवना से पसीना के मात्रा बढ़ सकत बा आ देह में पानी के कमी हो सकत बा। ई डिहाइड्रेशन के कारण बन सकत बा। डिहाइड्रेशन गर्मियन में होखे वाला आम परेसानियन में से एगो बा। अइसन में कॉफी के छोड़के जादे से जादे पानी पीयत रहे के चाहीं।

देह के तापमान बढ़ल

कॉफी में मवजूद कैफीन तापमान के बढ़ा सकत बा, जवन गर्मियन के आउर असहनीय बना सकत बा। एकरा वजह से जादे पसीना आवे के समस्या हो सकत बा, जवन थकान आ चक्कर आवे के कारण बन सकत बा। कॉफी पीये से रउसआ गर्मियन में मतली जइसन परेसानी के सामना करे के पड़ सकत बा।

नींद के कमी

कइयन लोग देर रात तक काम करे खातिर कॉफी पियेला, बाकिर ई राउर सेहत खातिर एकदमे अच्छा ना होला। कॉफी में भरपूर मात्रा में कैफीन होला। एकरा कारण रात के राउर नींद के क्वालिटी खराब होला, जवन रउआ के बेचैन आ जादे थकल बना सकत बा।

हार्ट अटैक के बढ़ सकत बा खतरा

जादे कैफीन लेला से हार्ट अटैक आ हाई ब्लड प्रेशर के जोखिम बढ़ जाला। एहिसे दिल के बेमारियन से जूझ रहल लोगन खातिर कॉफी पियल सही ना मानल जाला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-