Hing and Ghee Benefits: पेट के अइठन आ दरद के दूर करे में फायदेमंद होला हींग आ घी, जानीं एकर अद्भुत फायदा

Share

Hing and Ghee Benefits: हींग आ घी के सेवन करे से सेहत के कइयन तरे के लाभ मिलेला। हींग आ घी कइयन तरे के पोषक तत्वन के गुण से भरपूर होला। बाकिर जब हींग आ घी के एक संगे सेवन कइल जाला तs लाभ दुगुना बढ़ जाला। घी में भरपूर मात्रा में विटामिन ए, विटामिन के, प्रोटीन आ एंटीऑक्सीडेंट जइसन पोषक तत्व पावल जाला। तs ओहिजा हींग में प्रोटीन, फाइबर, कैल्शियम, फास्फेरस, आयरन, कैरोटीन, राइबोफ्लोविनआ कार्बोहाइड्रेट के भरपूर गुण पावल जाला, जवन देह खातिर फायदेमंद होला। हींग आ घी के एक साथे सेवन कइला से पेट से संबंधित समस्या दूर होला। संगही एकर साथे सेवन कइला से हड्डियन के मजबूती मिलेला। तs आई जानल जाव हींग आ घी के एक साथे सेवन कइला से सेहत के मिले वाला फायदन के बारे में…

हींग आ घी के फायदा

1.पेट के अइठन आ दरद से राहत दिलावे में फायदा

पेट के अइठन आ दरद से राहत पावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में फाइबर भरपूर मात्रा में पावल जाला, जवन पेट से संबंधित समस्यन से राहत दिलावेला। एह दुनु के एक साथे सेवन कइला से पेट के अइठन आ दरद से जल्दिये आराम मिलेला।

2. हड्डियों के मजबूत बनावे में फायदेमंद

हड्डियन के मजबूत बनावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में कैल्शियम पावल जाला, जवन हड्डियन के मजबूत बनावे में मदद करेला। संगही ई हड्डियन के सेहत खातिर बहुते फायदेमंद होला।

3. इम्यूनिटी सिस्टम के मजबूत बनावे में फायदेमंद

इम्यूनिटी सिस्टम के मजबूत बनावे खातिर हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। हींग आ घी में विटामिन सी आ एंटीऑक्सीडेंट पावल जाला, जवन इम्यून सिस्टम के मजबूत करे में मदद करेला।

4. माथा के दरद से राहत दिलावे में फायदेमंद

माथा के दरद से राहत दिलावे में हींग आ घी के एक साथे सेवन कइल बहुते फायदेमंद होला। काहेकि हींग आ घी में एंटीऑक्सीडेंट आ एंटी-इंफ्लेमेटरी गुण पावल जाला, जवन मस्तिष्क के रक्त वाहिका के शांत क के माथा के दरद में राहत दिलावेला।

नोट- आर्टिकल में सुझावल गइल टिप्स आ सलाह खाली सामान्य स्तर के जानकारी देत बा। एकर इस्तेमाल करे से पहिले कवनो विशेषज्ञ भा चिकित्सक से सलाह जरूर लीं। ‘खबर भोजपुरी’ एकरा खातिर उत्तरदायी नइखे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-