Share Market : घरेलू शेयर बाजार में हरियाली; सेंसेक्स 200 अंक चढ़ल, निफ्टी 25 हजार के पार

Share

बिजनेस डेस्क। भारत-अमेरिका द्विपक्षीय व्यापार वार्ता में प्रगति के उम्मेद के बीच मंगर के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क इक्विटी सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी (Share Market) में तेजी दर्ज कइल गइल। भारत-अमेरिका द्विपक्षीय व्यापार समझौता पs मंगर के एक दिवसीय वार्ता होई। एह सप्ताह होखे वाला अमेरिकी फेडरल रिजर्व के नीतिगत बैठक से पहिले वैश्विक समकक्षन के शेयरन में तेजी घरेलू शेयर बाजार में सकारात्मक रुख के बढ़ावा देलस। सुरुआती कारोबार में 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 201.69 अंक चढ़के 81,987.43 पs पहुंच गइल। अइसही 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 52.8 अंक बढ़के 25,122 पs आ गइल।

केकर फायदा-केकर नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में महिंद्रा एंड महिंद्रा, कोटक महिंद्रा बैंक, एक्सिस बैंक, लार्सन एंड टुब्रो, अल्ट्राटेक सीमेंट आ एनटीपीसी सबसे जादे फायदा में रहल। हालांकि, टाइटन, एशियन पेंट्स, एचडीएफसी बैंक आ भारतीय स्टेट बैंक पिछड़त नजर आइल। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सोमार के 1,268.59 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लोग।

एशियाई-अमेरिकी बाजार आ ब्रेंट क्रूड के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक आ हांगकांग के हैंग सेंग सकारात्मक दायरा में कारोबार करत रहे, जबकि शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक गिरावट के संगे बंद भइल। अमेरिकी बाजार सोमार के बढ़त के संगे बंद भइल रहे। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.19 प्रतिशत बढ़के 67.57 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

बीतल दिनन के हाल

एकरा पहिले सोमार के पांच दिनन के तेजी के बाद सेंसेक्स 118.96 अंक भा 0.15 प्रतिशत के गिरावट के संगे 81,785.74 पs बंद भइल रहे। निफ्टी 44.80 अंक भा 0.18 प्रतिशत के गिरावट के संगे 25,069.20 पs बंद भइल रहे, जवना से आठ दिनन के तेजी थम गइल।

Read Also: Asia Cup 2025 Points Table: भारत सुपर-4 में पहुंचल, 3 स्पॉट खातिर अब 5 टीमन के बीच जंग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-