ज्ञानवापी-श्रृंगार गौरी केस के मेरिट पर सुनवाई आजु, मुस्लिम पक्ष करी जवाबी बहस

कुमार आशू

वाराणसी के ज्ञानवापी मामला में श्रृंगार गौरी प्रकरण के मेरिट पर आज दोपहर दो बजे से जिला जज डॉ अजय कृष्ण विश्वेश के कोर्ट में सुनवाई होई। मानल जा रहल बा कि हिंदू पक्ष के दलील पर मुस्लिम पक्ष यानी अंजुमन इंतजामिया मसाजिद कमेटी जवाबी बहस करी।

18 अगस्त के पिछली सुनवाई में लगातार तारीख के बढ़वलें के मांग के देखत अदालत नाराजगी जाहिर करत मसाजिद कमेटी 500 रुपया के हर्जाना लगवलें रहल। अधिवक्ता अभय यादव के निधन के हवाला दे के अंजुमन इंतेजामिया योगेंद्र सिंह मधु बाबू अउरी शमीम अहमद के वकालत नामा दाखिल कर बहस की तैयारी खातिर 10 दिन के समय के मांग क के स्थगन प्रार्थना पत्र देहलें रहले।
Share This Article