अहमदाबाद। गुजरात के सुरेंद्रनगर जिला में सोमार के भोर में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। सड़क किनारे चलत श्रद्धालुअन के एगो तेज रफ्तार ट्रक कुचल देलस, जवना में सात लोगन के मौत हो गइल आ कइयन गो आउर लोग घायल हो गइल।
लखतर थाना के इंस्पेक्टर योगेश पटेल बतवलें कि ई हादसा लखतर-विरामगाम हाईवे पs रात करीब 1:30 बजे भइल। ओह समय तीर्थयात्री लोगन के एगो जत्था राजकोट के एगो मंदिर से पूजा-पाठ खातिर जुलूस के रूप में पैदल जात रहे।
ट्रक श्रद्धालुअन पs चढ़ गइल
लखतर तालुका के भास्करपारा गांव के बाहरी इलाका में एगो लापरवाह ट्रक चालक सड़क किनारे चलत श्रद्धालुअन पs ट्रक चढ़ा देलस। पुलिस के मोताबिक, एह हादसा में छव गो तीर्थयात्री आ सड़क किनारे खड़ा एगो डंपर के ड्राइवर के मौत हो गइल। मरे वालन में चार गो महिला लोग सामिल बा। घायल लोगन के सही संख्या अभी साफ नइखे, बाकिर कइयन गो लोग जख्मी बतावल जा रहल बा।
जानकारी के मोताबिक, सब तीर्थयात्री पैदल बहुचराजी मंदिर में दर्शन करे खातिर जात रहे लोग। ओही दौरान पीछे से तेज रफ्तार में आवत ट्रक ओह लोगन के जोरदार टक्कर मार देलस।
ड्राइवर फरार, पुलिस तलाश में जुटल
हादसा के बाद ट्रक ड्राइवर मवका से फरार हो गइल। पुलिस ओकर गिरफ्तारी खातिर लगातार छापेमारी कs रहल बिया। प्रशासन घायलन के इलाज आ पीड़ित परिवार के मदद में लागल बा।
ई हादसा से पूरा इलाका में शोक के माहौल बा आ लोग सड़क सुरक्षा पs सवाल उठा रहल बा।









