Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

gujarat: 120 KM के रफ्तार, आ चंद सेकेंड में 7 के मउत

248
Google Ads 300*250 for posts

 

कवन नवही अपना दोस्तन के साथे मजेदार यात्रा पs जाए के आ ढेर मस्ती करे के पसन्द ना करीं बाकिर ई कतना जायज बा कि मस्ती के नाम पs रउरा 120 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से गाड़ी चलाईं आ अगिला कुछ मिनट में रउरा अइसन दुर्घटना के शिकार हो सकेनी? जवना में रउरा आपन जान गँवा सकेनी. बुध के गुजरात के साबरकांडा में जवन सड़क दुर्घटना भईल उहो तेज रफ्तार के चलते भईल। अब एह बात के खुलासा ओह वीडियो से हो गइल बा जवन घटना से महज कुछ मिनट पहिले रिकार्ड भइल रहे. एह वीडियो में देखल जा सकेला कि कइसे गाड़ी में सवार सभे लोग मस्ती करत बा आ गाना के जोर से सुनत बा। आ ओह दौरान उनकर गाड़ी हाईवे पs 120 के रफ्तार से चलत बिया ई गाड़ी में सवार सगरी लोग के आखिरी वीडियो साबित भइल. बता दीं कि एह दुर्घटना में गाड़ी में सवार सातों लोग के मउत हो गईल।

पुलिस के अबे ले के जांच में पता चलल बा कि गाड़ी में सवार सभ लोग विदेश से आईल अपना दोस्त के संगे राजस्थान जाए जात रहले। एही बीच जब उनुकर गाड़ी हिम्मतनगर के सहकारी जिन पहुंचल तs एगो बड़ दुर्घटना हो गईल। एह हादसा में सात लोग के मौत हो गइल, जबकि एक आदमी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल बा आ फिलहाल ओकर इलाज चलत बा.

इs हादसा हिम्मतनगर के को-ऑपरेटिव जिन के पास भईल बा। दमकल विभाग गाड़ी के काट के लाश निकाल लिहलस। पुलिस मामला दर्ज कs लेले बिया। एकरा से पहिले महाराष्ट्र के जालना में ट्रक अवुरी बस के टक्कर में 5 लोग के जान चल गईल। गेवराई से अंबाड़ जाए वाली बस अवुरी मौसंबी से आवत ट्रक के आमने-सामने के टक्कर के चलते इs हादसा भईल। टक्कर एतना भयंकर रहे कि ट्रक के आगे के हिस्सा चकनाचूर हो गईल।

 

 

 

 

967690cookie-checkgujarat: 120 KM के रफ्तार, आ चंद सेकेंड में 7 के मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.