[the_ad_group id="30365"]

जितिया पर्व पs पसरल मातम, औरंगाबाद समेत 14 जिला में 39 गो के डूबले से मउत

बिहार के कईयो जिला में जितिया स्नान के दौरान कई लोगन के मउत : मउत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के कई जिला में जितिया पर्व के खुशी शोक में बदल गईल बा। अबे ले जितिया वर्ता के मौका पs नहाए गईल लोग में 39 लोग के मउत हो चुकल बा। औरंगाबाद में डूबे के चलते अधिकतम 10 लोग के मउत हो चुकल बा। जितिया के दौरान अधिकांश मउत नदी में नहाए के दौरान भईल बा। औरंगाबाद के बाद सबसे जादा मउत छपरा (05) में भईल बा। एकरा अलावे रोहतास में 04, कैमूर में 3, सिवान में 3, मोतिहारी में 3, बेतिया में 2, बेगूसराय में 2, गोपालगंज, भोजपुर, नालंदा, दरभंगा, मधुबनी, समस्तीपुर में 1-1 जने के मउत के खबर बा। बतावल जा रहल बा कि कुछ लोग के खोज आजुओ बहुते जिला में चलत बा. अयीसना में मरेवाला के संख्या अवुरी बढ़ सकता।

सीएम नीतीश कुमार मुआवजा के घोषणा कईले 

सीएम नीतीश कुमार औरंगाबाद में जितिया के मौका पs भइल हादसा पs दुख जतवले बाड़न. एs घटना के बारे में उs कहले कि जितिया के मौका पs जवन कुछ भी भईल उs बहुत दुखद बा। सीएम नीतीश कुमार मरेवाला के आश्रित लोग के चार-चार लाख रुपया मुआवजा देवे के घोषणा भी कईले। संगही भगवान से प्रार्थना कईले कि जवना परिवार के सदस्य के एs घटना में जान गंवा देले, ओ परिवार के एs दुख के घड़ी में धैर्य राखे के हिम्मत देस।

कैमूर के सकरी बांद के लगे बुध के साँझ जितिया पर्व पs अपना महतारी आ परिवार के लोग के साथे नहात घरी एगो नहर में डूबला के चलते पाँच बरीस के एगो बच्चा के मउत हो गइल. मरेवाला बच्चा सकरी गांव के रहेवाला रहे। बतावल जाता कि जितिया के मौका पs एs गांव के दर्जनों महिला बांद के नजदीक नदी में नहाए गईल रहली। ई हादसा एही समय में भइल।

औरंगाबाद जिला के मदनपुर आ बारुण प्रखंड में जितिया पर्व के दौरान नहाए गईल बहुत बच्चा के डूबे के चलते मउत हो गईल। बतावल जाता कि मरे वाला बच्चा के उमर 14 साल से कम रहे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]