Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिका के जंगल में फेर से देखल गइल महामानव! कैंपिंग कर रहल लइकन देखले चमकत आंख वाला 5 फीट लंबा जीव आ फेर का भइल…पढ़ी पूरा खबर

166
Google Ads 300*250 for posts

अमेरिका के जंगल में फेर से देखल गइल महामानव! लइकन के कैम्पिंग में एगो 5 फीट लंबा जीव देखल गइल जवना के आँख चमकत रहे आ फेर…

अमेरिका में कैंपेनिंग के घरी स्कूल के छात्रन के दिखल बिगफुट

अबहियों पृथ्वी पर अइसन कई गो जीव मौजूद बाड़ें, जिनहन के बारे में हमनी के खाली कहानी में सुनले बानी जा। भले ही एह जीव के अस्तित्व के कवनो औपचारिक प्रमाण नइखे, बाकी बीच-बीच में ई लोग अपना ध्वनि के माध्यम से अपना अस्तित्व के प्रमाण देत रहेला। अइसने एगो जीव हवे बिगफुट भा सस्क्वैच। हाल ही में अमेरिका के कुछ किशोर बिगफुट देखले के दावा कइले, जवना के बाद एगो सनसनी फैल गईल।

न्यूयार्क पोस्ट के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, एगो असामान्य घटना में अमेरिका में किशोर के एगो समूह के दावा बा कि ऊ एगो बिगफुट निहन जीव के ‘चमकत आंख’ वाला देखले बा। नचिटोचेस पैरिश शेरिफ कार्यालय के कहना बा कि दक्षिणी लुइसियाना के हौमा से हालही में हाई स्कूल से स्नातक भइल लोग बैटन रूज से करीब सौ मील उत्तर-पश्चिम में किसाची नेशनल फॉरेस्ट में डेरा डालत रहे जब ओह लोग के एह विशालकाय जीव के नजर पड़ल।

Photo shows what former rodeo rider Roger Patterson said is the American version of the Abominable Snowman. He said pictures of the creature, estimated at 7 1/2 feet tall, were taken northeast of Eureka, California.

बिगफुट कइसन लउकेला?

सस्क्वैच भा बिगफुट के एगो बड़हन आ बालदार इंसान नियन जीव मानल जाला। कहल जाला कि ई उत्तर-पच्छिम अमेरिका आ पच्छिमी कनाडा में मौजूद बा। हालांकि बिगफुट के अस्तित्व के कवनो वैज्ञानिक प्रमाण नइखे।

लइकन बतवले कि ऊ लोग दक्षिणी नचिटोचेस पैरिश में बैक बोन ट्रेल से करीब डेढ़ मील दूर डेरा डालत घरी ए बड़ जानवर के देखले। शेरिफ कार्यालय के मुताबिक, 28 जून के रात के करीब 9:20 बजे, समूह के एगो सदस्य के “गुर्राहट सुनाई देलख आ ऊ देखाई देलख जवन कि एगो जानवर नियन देखाई देलख, जवना के आंख चमकत रहे, जवन कि लगभग 5 फीट लंबा रहे।” 17 से 18 साल के बीच के ई समूह के सदस्य आपातकालीन हेल्पलाइन 911 डायल कइले।

जांच में कवनो सबूत ना मिलल

पुलिस कैम्पसाइट पहुंच के किशोर लोग के सुरक्षित बचा लिहलख। शेरिफ कार्यालय के मुताबिक, जांचकर्ता पूरा जांच कइले, बाकी “चमकत आंख आ 5 फीट लंबा खड़ा होखे के कवनो संदिग्ध गतिविधि के पता ना लगा पवले।”

 अइसन घटना पहिले भी भइल बा

अइसन घटना के खबर पहिला बेर नइखे भइल। पिछला अक्टूबर में एगो जोड़ा कहले रहे कि ऊ लोग कैमरा में एह बात के सबूत कैद कइले बा कि ‘सस्क्वैच’ भा ‘बिगफुट’ असली बा। इंटरनेट पs एगो वीडियो सामने आइल जवना में एगो अजीब देखाई देवे वाला जीव के आराम करे बईठे से पहिले पहाड़ के किनारे घूमत देखल गइल। एह वायरल क्लिप से अटकलन के तेजी आइल।

895230cookie-checkअमेरिका के जंगल में फेर से देखल गइल महामानव! कैंपिंग कर रहल लइकन देखले चमकत आंख वाला 5 फीट लंबा जीव आ फेर का भइल…पढ़ी पूरा खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.