[the_ad_group id="30365"]

अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के शादी में पहुंचल 2 बिन बुलावल मेहमान के पुलिस हिरासत में लेलख, केस भी दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अनंत अंबानी के शादी के स्थल, बीकेसी, मुंबई में जियो वर्ल्ड सेंटर में भी दुगो अनमंत्रित मेहमान पहुंचले। जइसहीं एह बारे में जानकारी मिलल पुलिस ओकरा के हिरासत में ले लिहलख।

अनंत अंबानी के बियाह देश भर में चर्चा के विषय बनल बा। हालांकि भारतीय बियाह में बिना बोलावल मेहमान के पहुंचल बहुत आम बात बा, बाकी आपके ई जाने चाही कि ई कानूनी अपराध के श्रेणी में आवेला। खास कर के अगर देश के मशहूर व्यापारी मुकेश अंबानी के बेटा के शादी होखे, जवना में वीवीआईपी मेहमान से लेके खुद देश के प्रधानमंत्री मोदी तक सबे शामिल होखेले।

असल में अनंत अंबानी के शादी के जगह जवन कि मुंबई के बीकेसी में जियो वर्ल्ड सेंटर में बा, ओमे बिना बोलवले एगो यूट्यूबर आ गइल ,मुंबई के बीकेसी पुलिस क्रॉस पासिंग के आरोप में हिरासत में ले लेलख।

पूरा बात का बा?

मिलल प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक पुलिस जियो वर्ल्ड सेंटर में काम करेवाला सुरक्षा विभाग के बलराम सिंह लाल के शिकायत के आधार पसे मामला दर्ज कईलख। मिलल जानकारी के मुताबिक सुरक्षाकर्मी के पछिला शनिवार के एगो आदमी पs शक हो गइल। ऊ अनंत अंबानी के बियाह स्थल के पहिला मंजिल पs घूमत मिलल।

एकरा बाद जब ओह आदमी से पूछताछ भइल तs पता चलल कि ऊ जियो वर्ल्ड सेंटर के गेट नंबर 10 से घुसल बा। उ बतवले कि ऊ बियाह के जगह के लेके बहुत उत्साहित बा आ एहीसे ऊ ए प्रकार के काम कइले बा। आरोपी के नाम मोहम्मद शफी शेख बतावल जाता जवन कि मुंबई से सेट विरार के निवासी हs।

पिछला बियफे के दिने जियो वर्ल्ड सेंटर के पवेलियन नंबर वन में एगो आदमी पर शक भइला के बाद वेंकटेश अलुरी नाम के यूट्यूबर के पूछताछ खातिर रोक दिहल गइल, फेर पता चलल कि ओकरा भी बियाह के नेवता ना मिलल रहे आ ओकरा आंध्र प्रदेश जाए के पड़ल बियाह में शामिल होखे खातिर।

पहिले ओकरा के गेट नंबर 23 पs रोकल गइल आ गेट से ना गुजरे के चलते तुरंत निकले के कहल गइल बाकी कवनो तरीका से ऊ गेट नंबर 19 से घुसे में कामयाब हो गइल। ओकरा के पकड़ला के बाद सुरक्षाकर्मी स्थानीय थाना से संपर्क कs पुलिस के हवाले कs देले। पूछताछ के दौरान यूट्यूबर पुलिस के बतवले कि ऊ बियाह के वीडियो रिकॉर्ड कs के स्ट्रीम कइल चाहतारे। दुनो मामला में कानूनी कार्रवाई कइला के बाद पुलिस आरोपी के नोटिस जारी कइलस आ बाद में उनका के छोड़ दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]