Grammy Awards: भारतीय-अमेरिकी संगीतकार आ चंद्रिका टंडन जीतली ग्रैमी, एल्बम ‘त्रिवेणी’ खातिर मिलल पुरस्कार

Anurag Ranjan
Grammy Awards: वाउटर केलरमैन आ इरु मात्सुमोतो के संगे चंद्रिका टंडन - फोटो : एक्स: @wouterkellerman

Grammy Awards: भारतीय-अमेरिकी गायिका आ उद्यमी चंद्रिका टंडन एल्बम त्रिवेणी खातिर बेस्ट न्यू एज, एम्बिएंट भा चैंट एल्बम श्रेणी में ग्रैमी पुरस्कार जीतले बाड़ी। रिकॉर्डिंग अकादमी के ओर से आयोजित सबसे बड़ संगीत पुरस्कार समारोह के 67वां संस्करण अतवार के लॉस एंजिल्स के क्रिप्टो डॉट कॉम एरिना में आयोजित कइल गइल।

चंद्रिका जाहिर कइली खुसी

चंद्रिका एगो वैश्विक बिजनेस लीडर हई आ पेप्सिको के पूर्व सीईओ इंद्रा नूयी के बड़ बहिन हई। ऊ अपना सहजोगी दक्षिण अफ्रीकी बांसुरी वादक वाउटर केलरमैन आ जापानी सेलो वादक इरु मात्सुमोतो के संगे ई पुरस्कार जीतली। चेन्नई में पलल-बढ़ल ई संगीतकार ग्रैमी पुरस्कार जीतला के बाद आपन खुसी जाहिर कइली। ऊ रिकॉर्डिंग अकादमी के दिहल गइल साक्षात्कार में कहली कि ई अद्भुत लागत बा।


एकरा के देखीं:
 NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

Grammy Awards: वाउटर केलरमैन आ इरु मात्सुमोतो के संगे चंद्रिका टंडन - फोटो : एक्स
Grammy Awards: वाउटर केलरमैन आ इरु मात्सुमोतो के संगे चंद्रिका टंडन – फोटो : एक्स

Grammy Awards: एह श्रेणी में कइल गइल रहे नामांकित

सर्वश्रेष्ठ न्यू एज, एम्बिएंट चैंट एल्बम श्रेणी में आउर नामांकितन में रिकी केज के ब्रेक ऑफ डॉन, रयूची सकामोटो के ओपस, अनुष्का शंकर के चैप्टर 2: हाउ डार्क इट इज बिफोर डॉन आ राधिका वेकारिया के वॉरियर्स ऑफ लाइट सामिल बा। ऊ कहलें कि एह श्रेणी में हमनी के लगे बहुते सानदार नामांकित व्यक्ति रहस। ई तथ्य बा कि हमनी के ई पुरस्कार जीतले बानी सs, हमनी खातिर वास्तव में एगो विशेष क्षण बा। हमनी के संगे कइयन गो सानदार संगीतकार नामित भइल रहे लो।

चंद्रिका टंडन का दूसरा ग्रैमी नामांकन

पुरस्कार स्वीकार करत घरी आपन खुसी जाहिर करत ऊ कहलें कि संगीत प्रेम हs, संगीत प्रकाश हs आ संगीत हंसी हs आ आईं हमनी सब केहू प्रेम, प्रकाश आ हंसी से घिरे रहल बानी सs। संगीत खातिर धन्यवाद आ संगीत बनावे वाला सब लोगन के धन्यवाद। 2009 के ‘सोल कॉल’ आ पहिला जीत के बाद ई चंद्रिका टंडन के दूसरका ग्रैमी नामांकन रहे।

‘त्रिवेणी’ में बा सात गाना

30 अगस्त, 2024 के रिलीज भइज एल्बम ‘त्रिवेणी’ के सात ट्रैक में बा, जेमें “पाथवे टू लाइट”, “चेंट इन ए”, “जर्नी विदिन”, “एथर सेरेनेड”, “एंशिएंट मून”, “ओपन स्काई”, आ “सीकिंग शक्ति” सामिल बा।

Read Also: कांग्रेस नेता शकील अहमद खान के बेटा कइलस आत्महत्या, MLC आवास में फंदा से लटकल मिलल शव

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment