भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर शक्तिकांत दास वित्तीय स्थिरता अउर विकास परिषद के उप-समिति के मुंबई में भइल बैठक के अध्यक्षता कइनें, एह बैठक में वैश्विक अउर घरेलू अर्थव्यवस्था के साथ-साथ वित्तीय प्रणाली के विभिन्न क्षेत्र में प्रमुख विकास मानकन के समीक्षा कइल गइल।
शीर्ष बैंक अपने एगो बयान में कहलस कि एगो नियमित अभ्यास के तहत मंगर के भारतीय रिजर्व बैंक एह बैठक के आयोजन कइलस। बैठक में कुछ अंतर-नियामक मुद्दन पर भी चर्चा कइल गइल। एकरे अलावा, उप-समिति एकरे दायरा में आवे वाले विभिन्न तकनीकी समूहन के गतिविधि अउर विभिन्न राज्यन अउर केंद्र शासित प्रदेश में राज्य स्तरीय समन्वय समितियन (एसएलसीसी) के कामकाज के समीक्षा कइलें।