Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सरकारी कर्मचारी हो जास सावधान! अब देर से कार्यालय पहुंचल पड़ी भारी; केंद्र सरकार देलस ई चेतावनी

259

देर से ऑफिस पहुंचे वाला सरकारी कर्मचारियन के अब खैर नइखे। केंद्र सरकार अइसन कर्मचारियन पs कड़ा एक्शन लेवे के चेतावनी जारी कइले बिया। सरकार वरिष्ठ अधिकारियन से एह मामला के गंभीरता से लेवे के कहले बिया। लगातार अइसन शिकायत मिल रहल बा कि कई गो कर्मचारी बायोमेट्रिक उपस्थिति प्रणाली (एईबीएएस) में आपन उपस्थिति नइखन दर्ज करत।

कर्मचारी नियमित रूप से देरी से आ रहल बाड़े

कुछ कर्मचारी नियमित रूप से देर से आ रहल बाड़े। एही के संज्ञान लेत घरी चेतावनी दिहल गइल बा। कार्मिक मंत्रालय अपना आदेश में मोबाइल फोन आधारित प्रमाणीकरण प्रणाली के उपयोग करे के सुझाव देले बा। कहल गइल बा कि एईबीएएस के क्रियान्वयन के समीक्षा कइल गइल बा।

आदतन देरी से आए वालन पऽ होई कार्रवाई

समीक्षा में पावल गइल बा कि एईबीएएस के क्रियान्वयन में ढिलाई बरतल जा रहल बा। एकरे के गंभीरता से लेत मंत्रालय कहलस कि सब विभाग नियमित रूप से उपस्थिति रिपोर्ट के निगरानी करी। आदतन देर से अबे आ जलदी कार्यालय छोड़े के गंभीरता से लिहल जाए के चाहीं। एकरा के अनिवार्य रूप से रोकल जाए के चाहीं। डिफाल्टरन के खिलाफ मौजूदा नियमन के तहत सख्त कार्रवाई शुरू कइल जा सकऽता।

डिफाल्टरन के होई पहचान

सब विभागन के सचिव के जारी आदेश में कहल गइल।बा कि एकरा से ई सुनिश्चित होई कि एईबीएएस पs पंजीकृत आ सक्रिय कर्मचारियन के बीच कवनो अंतर नइखे। आदेश में कहल गइल बा संबंधित वरिष्ठ अधिकारी नियमित रूप से पोर्टल से रिपोर्ट डाउनलोड करिहें आ डिफाल्टरन के पहचान करिहें।

आधा दिन के आकस्मिक छुट्टी लागी 

कार्मिक मंत्रालय के अनुसार, देर से आवे पs कर्मचारियन के आधा दिन के आकस्मिक छुट्टी लागे के चाहीं। इहो कहल गइल बा कि एक माह में एक भा दू बार उचित कारणन से देरी के वजह से उपस्थिति के अधिकारियन द्वारा माफ कइल जा सकऽता।

865810cookie-checkसरकारी कर्मचारी हो जास सावधान! अब देर से कार्यालय पहुंचल पड़ी भारी; केंद्र सरकार देलस ई चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.