साइबर फ्रॉड के खिलाफ केंद्र सरकार लगातार एक्शन ले रहल बिया। गृह मंत्रालय बुध के राज्यसभा में बतवलस कि साइबर क्राइम कोऑर्डिनेशन सेंटर (I4C) डिजिटल अरेस्ट ममिलन में सामिल 3962 से जादे स्काइप आईडी (Skype ID) आ 83,668 वॉट्सऐप अकाउंट्स (WhatsApp) के पहचान कs के ब्लॉक कs दिहल गइल बा। I4C साइबर अपराधियन पs निगरानी गृह मंत्रालय स्पेशल विंग बा।
गृह राज्य मंत्री संजय बंदी कुमार द्रविड़ मुनेत्र कड़गम (DMK) सांसद तिरुचि शिवा के सवाल पs ई लिखित जानकारी देलें। ऊ बतवलें कि साइबर अपराधी एह अकाउंट्स के इस्तेमाल ED, CBI जइसन एजेंसियन के अधिकारी बनके धोखाधड़ी करत रहलें सs।
सरकार 7.81 लाख से जादे सिम कार्ड कइलस ब्लॉक
एकरा अलावे 28 फरवरी, 2025 तक 7.81 लाख से जादे सिम कार्ड आ 2.08 लाख से जादे IMEI नंबर ब्लॉक कइल गइल बा। बता दीं कि 13.36 लाख से जादे शिकायतन के आधार पs 4386 करोड़ रुपिया से जादे के नुकसान से बचल जा सकी।
गृह राज्य मंत्री बतवलें कि केंद्र सरकार आ टेलिकॉम सर्विस प्रोवाइडर (TSP) इंटरनेशनल स्पूफ कॉल के पहचान करे आ ओकनी के ब्लॉक करे खातिर एगो सिस्टम तइयार कइल गइल बा। अइसन कॉल्स अइला पs मोबाइल डिस्प्ले में भारत के नंबर होला, जबकि कॉल कहीं बिदेस से आ रहल होला। TSP के अइसन कॉल्स के ब्लॉक करे खातिर निरदेस दिहल गइल बा।
एक साल में 30 हजार करोड़ रुपिया से जादे के धोखाधड़ी
रिजर्व बैंक के एगो रिपोर्ट के अनुसार, 2023 के दौरान देस में 30 हजार करोड़ रुपिया से जादे के धोखाधड़ी भइल। ओहिजा, पिछला 10 सालन में बैंक साइबर धोखाधड़ी के 65,017 ममिलन के सूचना देलें, जेमे कुल 4.69 लाख करोड़ रुपिया के नुकसान भइल रहे।
Read Also: Holi 2025: दिनभर के मस्ती के बाद अइसे छोड़ाईं होली के जिद्दी रंग, त्वचा आ बालन के ना होई नुकसान