Deoria News: कौशांबी में डबल मर्डर के रहे आरोपी, हत्या कs के भागे के फिराक में रहे; RPF-GRP पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 12, 2025

कौशांबी जिला में डबल मर्डर कs के ट्रेन से भाग रहल आरोपी के आरपीएफ आ जीआरपी के संयुक्त टीम बुध के भोर में भटनी रेलवे स्टेशन से गिरफ्तार कइलस। ऊ हत्या के बाद भटनी के

Share

Deoria News: कौशांबी में डबल मर्डर के रहे आरोपी, हत्या कs के भागे के फिराक में रहे; RPF-GRP पकड़लस

कौशांबी जिला में डबल मर्डर कs के ट्रेन से भाग रहल आरोपी के आरपीएफ आ जीआरपी के संयुक्त टीम बुध के भोर में भटनी रेलवे स्टेशन से गिरफ्तार कइलस। ऊ हत्या के बाद भटनी के रास्ते बिहार के सिवान में अपना रिश्तेदार के इहां जाये के फिराक में रहे। कौशांबी पुलिस के सूचना पs रेलवे पुलिस आरोपी के घेराबंदी कs के पकड़ लेलस।

कौशांबी जिला के चरवा थाना क्षेत्र के काजू गांव में सोमार के मां -बेटा के हत्या भइल रहे। हत्या के बाद आरोपी मवका से भाग गइल। पुलिस केस दर्ज कs के ओकर तलाश में जुटल रहे, तबे ओकर लोकेशन वाराणसी से भटनी जा रहल ट्रेन में मिलल।

चरवा थाना प्रभारी के सूचना पs आरपीएफ निरीक्षक प्रदीप पाण्डेय, जीआरपी एसओ दिनेश सिंह भटनी रेलवे स्टेशन पs घेराबंदी कs के शनि सरोज निवासी काजू थाना चरवा के गिरफ्तार कs लिहल। निरीक्षक प्रदीप पांडेय बतवलें कि कौशांबी में दोहरा हत्याकांड के आरोपी के गिरफ्तार कइल गइल बा।

Read Also: ICC Rankings: चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में अर्धशतकीय पारी के रोहित के फायदा, गिल के बादशाहत बरकरार; कोहली फिसललें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.