Holi 2025: दिनभर के मस्ती के बाद अइसे छोड़ाईं होली के जिद्दी रंग, त्वचा आ बालन के ना होई नुकसान

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2025

लाइफस्टाइल डेस्क : Holi Color Removal Tips: होली के दिन खूब रंगन से सराबोर होला- चेहरा पs गुलाल, बालन में पक्का रंग, हाथ-पैर पs गहिराह रंगन के परत! बाकिर जइसही मस्ती खत्म होला आ हमनी

Share

Holi 2025: दिनभर के मस्ती के बाद अइसे छोड़ाईं होली के जिद्दी रंग, त्वचा आ बालन के ना होई नुकसान

लाइफस्टाइल डेस्क : Holi Color Removal Tips: होली के दिन खूब रंगन से सराबोर होला- चेहरा पs गुलाल, बालन में पक्का रंग, हाथ-पैर पs गहिराह रंगन के परत! बाकिर जइसही मस्ती खत्म होला आ हमनी के खुद के आईना में देखेनी सs, पहिला ख्याल इहे आवेला- अब ई रंग कइसे हटी? साबुन से रगड़ला पs स्किन लाल पड़ जाले, शैंपू कइला के बादो बालन से रंग ना जाला आ ऊपर से रूखापन अलग परेसान करेला।
तs का एकर कवनो आसान हल नइखे? बिल्कुल बा! जदि रउआ कुछ आसान घरेलू नुस्खा अपनावत बानी, तs होली के जिद्दी रंग मिनटन में साफ हो जाई, उहो बिना त्वचा आ बालन के नुकसान पहुंचवलें। आईं जानत जावs आसान टिप्स, जवना से रउआ बिना टेंशन के होली के मस्ती कs सकत बानी।

त्वचा से रंग हटावे के असरदार तरीका

साबुन से ना, दूध आ बेसन से करीं सफाई

रंग हटावे खातिर बहुत लोग बार-बार साबुन के इस्तेमाल करेला, जवना के चलते त्वचा सूख जाला। एकरा बदले कच्चा दूध अवुरी चना के आटा मिला के पेस्ट बना के चेहरा पs धीरे से रगड़ लीं। एकरा से रंग निकली अवुरी त्वचा मुलायम रही।

नारियल भा जैतून के तेल लगाईं

रंग छोड़ावे से पहिले चेहरा आ देह पs नारियल भा जैतून के तेल लगाईं आउर हलुका हाथन से मालिश करीं। एकरा से रंग आसानी से हट जाई आ स्किन मॉइस्चराइजो होई।

दही आ शहद के इस्तेमाल करीं

जदि रंग जादे जिद्दी बा तs दही आ शहद मिलाके फेस आ बॉडी पs लगाईं। कुछ देर सूखे दीं, फेर गुनगुना पानी से धो लीं। एकरा से रंग हटला के संगे-संगे त्वचा ग्लो करी।

मुल्तानी मिट्टी के पैक लगाईं

मुल्तानी मिट्टी में गुलाबजल मिलाके पेस्ट बनाईं आ चेहरा आउर देह पs लगाईं। ई रंग हटवला के संगे-संगे त्वचा के ठंडको दी।

बालन से रंग हटावे के आसान उपाय

बालन में तेल लगावल मत भूलीं

होली खेलला के बाद बाल धोवे से पहिले नारियल, जैतून भा बादाम के तेल लगाईं आ 30 मिनट तक छोड़ दीं। एकरा से रंग आसानी से निकल जाई आ बालन में नमी बनल रही।

माइल्ड शैंपू से करीं बालन के सफाई

रंग छोड़ावे खातिर बहुत जादे केमिकल वाला शैंपू के इस्तेमाल मत करीं। माइल्ड शैंपू से बाल धोईं आ एकरा बाद कंडीशनर जरूर लगाईं, ताकि बालन के नमी बनल रही।

दही आ नींबू के हेयर मास्क लगाईं

रंग छुड़वला के बाद बालन के हेल्दी बना के रखे खातिर दही आ नींबू के मास्क लगाईं। एकरा के 20 मिनट तक रखीं आ फेर हल्का शैंपू से धो लीं। एकरा से बाल सॉफ्ट आ शाइनी बनी।

एह बातन के रखीं खेयाल

होली के बाद तुरंत गरम पानी से मत नहाईं, एकरा से रंग आउर गहिराह हो सकत बा। हल्का गुनगुना भा ठंडा पानी इस्तेमाल करीं।
स्क्रब के जादे इस्तेमाल मत करीं, एकरा से त्वचा के नुकसान हो सकत बा।

होली के बाद स्किन आ बालन के हाइड्रेट करे खातिर खूब पानी पिहीं आ हेल्दी डाइट लीं।

Read Also: Amravati Express Accident: जलगांव में होली के सबेरे रेल हादसा, ट्रक से टक्कर के बाद अमरावती एक्सप्रेस के इंजन में लागल आग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.