Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मकर संक्रांति पर मनावल जा सकsता गोरखपुर के सृजन दिवस, जल्दिये लागी मोहर

226
Google Ads 300*250 for posts

मकर संक्रांति के दिन गोरखपुर के सृजन दिवस मनावल जा सकsता। मेयर सीताराम जायसवाल के अध्यक्षता में भइल बइठक में समाज के कई वर्ग के लोग मकर संक्रांति के दिन गोरखपुर के सृजन दिवस मनवले के आपन-आपन तर्क दिहल।

हालांकि मेयर अउर नगर आयुक्त अविनाश सिंह तिथि के ले के कौनो आखिरी निर्णय पर पहुंचले से पहिले ई सुझाव रखलें कि अगर कौनहूँ आदमी के लग्गे गोरखपुर के स्थापना के तिथि को ले के कौनो प्रामाणिक दस्तावेज होखे त ओके 18 दिसंबर ले उप नगर आयुक्त के कार्यालय में प्रस्तुत कs सकsता। बइठक में एह सुझाव के सर्वसम्मति से स्वीकार कs लिहल गइल।

नगर आयुक्त बतवलें कि साक्ष्य सहित 20 दिसंबर के साँझ चार बजे नगर निगम सभागार में फेर से बइठक क के स्थापना दिवस पर निर्णय लिहल जाई। बइठक में उपस्थित अधिकांश लोग गुरु गोरखनाथ अउर खिचड़ी मेला के परंपरा के संगे जोड़ के आध्यात्मिक, सांस्कृतिक अउर पौराणिक महत्व के मद्देनजर मकर संक्रांति के दिनही गोरखपुर सृजन दिवस मनवलें पs सहमति जतवलें। पौराणिक सबूतों प्रस्तुत कइल गइल।

बइठक में गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्रोफेसर अउर अध्यक्ष इतिहास विभाग प्रोफेसर चंद्रभूषण अंकुर, उप सभापति ऋषि मोहन वर्मा, पार्षद अजय राय, इतिहासकार प्रो. कमलेश कुमार, सहायक आचार्य शिव कुमार, प्रवक्ता महाराणा प्रताप इंटर कालेज देव प्रसाद गौतम, जिला सूचना अधिकारी प्रशांत कुमार श्रीवास्तव, इंटेक से आचित्य लाहड़ी, विशाल तिवारी गोरखपुर प्लोगर्स समेत नगर निगम के अधिकारी अउर पत्रकार लोग मौजूद रहल।

411960cookie-checkमकर संक्रांति पर मनावल जा सकsता गोरखपुर के सृजन दिवस, जल्दिये लागी मोहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.