गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के हिंदी आ आधुनिक भारतीय भाषा आउर पत्रकारिता विभाग के अध्यक्ष प्रो. कमलेश गुप्त आज मंगर के दिने एक दिन के उपवास करिहें। ऊ ई फैसला तब लेले बाड़ें जब साल भर पहिले भइल घोषणा के बादो मीडिया लैब के निर्माण ना भइला से आ सोमार के दिन विभाग के छत के प्लास्टर के टुकड़ा टूट के शिक्षक के कुर्सी पs गिर गइल।
शिक्षकन के वाट्सएप ग्रुप में लिखलें पीड़ा
प्रो. कमलेश गुप्त शिक्षकन के ग्रुप में मैसेज डाल के आपन पीड़ा जाहिर कइलें। ऊ कहलें कि एक बरिस से लैब के काम आ विभाग के मरम्मत के काम रुकल पड़ा बा। छात्र बार-बार शिकायत करत बा लोग आ अब ऊ लोगन के हमनी से भरोसा उठ गइल बा।
सोमार के टलल बड़ हादसा
सोमार के छत के प्लास्टर टूट के कुर्सी पs गिर गइल, संयोग रहे कि उ कुर्सी खाली रहे। ना तs बड़ हादसा हो सकत रहे।
सोशल मीडिया पs भावुक अपील
प्रो. गुप्ता सोशल मीडिया पs वीडियो डाल के कहलें कि लैब के काम ना सुरू होखला से शिक्षक आ छात्रन के असुविधा झेले के पड़ता। देवाल से पानी रिस रहल बा, पंखा खराब हो जात बा आ छत के टुकड़ा गिर रहल बा।
ऊ लिखलें- “ई हाल देख के आत्मग्लानि हो रहल बा, एह पीड़ा से उबरे खातिर 4 नवंबर के उपवास करब।”
पत्रकारिता के चल रहल बा दू कोर्स
बता दीं कि पहिले एक साल के बीजे कोर्स चलत रहे, बाकिर 2022-23 में बीजे बंद कs के बीजेएमसी (तीन बरिस के) आ एमजेएमसी (दू बरिस के) के कोर्स सुरू भइल। कुलपति वादा कइले रहली कि मीडिया लैब बनावल जाई, बाकिर अबले ना भइल।
दस दिन में सुरू होई काम
विवि अभियंता शशांक श्रीनेत बतवलें कि यूपी सीडको के 50 प्रतिशत धनराशि 30 अक्टूबर के दे दिहल गइल बा, टेंडर जारी हो गइल बा, दस दिन में काम सुरू हो जाई।
पहिलहूं खोल चुकल बाड़ें मोर्चा
प्रो. कमलेश गुप्ता पहिलहूं पूर्व कुलपति राजेश सिंह के खिलाफ धरना आ उपवास कs चुकल बाड़ें। ओह समय डीडीयू के कइयन गो शिक्षक आ छात्र उनका समर्थन में आ गइल रहे लोग।
Read Also: 04 नवंबर 2025 के राशिफल
								
															






