Jaipur Road Accident : जयपुर में डंपर 17 गाड़ियन के मरलस टक्कर, 12 लोगन के मौत, 18 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2025

जयपुर। राजस्थान के जयपुर जिला में सनिचर के दिन एगो भयावह सड़क हादसा भइल। तेज रफ्तार से दउड़त एगो डंपर पहिले एगो कार के ठोकलस आ फेर पीछे से 17 गाड़ियन के एक संगे टक्कर

Share

Jaipur dumper accident – 17 vehicles damaged, 12 dead and 18 injured, police and locals at rescue site.

जयपुर। राजस्थान के जयपुर जिला में सनिचर के दिन एगो भयावह सड़क हादसा भइल। तेज रफ्तार से दउड़त एगो डंपर पहिले एगो कार के ठोकलस आ फेर पीछे से 17 गाड़ियन के एक संगे टक्कर मार देलस। एह भीषण एक्सीडेंट में 12 लोग के मौत हो गइल जबकि 18 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

कइसे भइल दुर्घटना?

जानकारी के अनुसार, ई हादसा दुपहरिया करीब 1 बजे के आसपास भइल। रोड नंबर 14 से आ रहल एगो ट्रक पेट्रोल पंप के नजदीक हाईवे पs आवे के कोसिस करत रहे। ओही दौरान डंपर के नियंत्रण बिगड़ गइल आ ऊ कइयन गो गाड़ियन में जा भिड़ल।

पुलिस के मोताबिक, तीन गंभीर रूप से घायल लोग के जयपुर के एसएमएस अस्पताल ट्रॉमा सेंटर में भर्ती करावल गइल बा। डॉक्टर लोगन बतावल कि कुछ लोग के हालत अभियो नाजुक बा।

जयपुर कलेक्टर के बयान

जयपुर कलेक्टर बतवलें कि हरमाड़ा इलाका में ई हादसा भइल, जहां तेज रफ्तार डंपर कइयन गो गाड़ियन के रउद देलस। ओह हादसा में 12 लोगन के जान गइल आ लगभग 18 लोगन घायल भइल बा। पुलिस आ राहत टीम घटनास्थल पs पहुंच के बचाव कार्य में जुटल बाड़ी सs।

भयानक मंजर वीडियो में कैद

एएनआई के ओर से शेयर कइल गइल वीडियो में दुर्घटना के बाद के डरावना नजारा साफ नजर आवत बा। सड़क पs जगह-जगह टूटल गाड़ियन आ डंपर के मलबा पसरल बा। ट्रैफिक धीरे-धीरे सामान्य होत नजर आवत बा, जबकि अधिकारी इलाका साफ करावे में लागल बा लोग। हादसा के बाद आसपास के लोग भी बड़ संख्या में घटनास्थल पर जमा भइले बाड़े।

Read Also: PM Kisan Yojna : एह हफ्ता एह किसानन के खाता में ना आई किस्त, जानीं का बा वजह? कहीं रउओ तs नइखीं सामिल?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.