गोरखपुर होके चले वाला 4 ट्रेन के रूट- टर्मिनल बदलल: नई दिल्ली स्टेशन से हटावल गइल दुगो एक्सप्रेस ट्रेन, अगस्त से लागू होई नया बदलाव

Share

गोरखपुर। गोरखपुर से भा गोरखपुर होके यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर बहुते जरूरी खबर बा। रेलवे प्रशासन चार प्रमुख ट्रेनन के टर्मिनल आ मार्ग में बदलाव कइले बा। एह परिवर्तनन के असर ओह यात्रियन पs पड़ी जे गोरखपुर से दिल्ली आ पूर्वोत्तर भारत के बीच यात्रा करेला। नया व्यवस्था अगस्त से लागू होई।

एह ट्रेनन में भइल बदलाव

12523 न्यू जलपाईगुड़ी–नई दिल्ली एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली के जगह आनंद विहार टर्मिनस पs समाप्त होई
  • लागू तिथि: 19 अगस्त, 2025
  • आगमन: सबेरे 11:55 बजे

12524 नई दिल्ली–न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस

  • अब आनंद विहार टर्मिनस से चली
  • लागू तिथि: 20 अगस्त, 2025
  • प्रस्थान: दोपहर 3:20 बजे

12204 अमृतसर–सहरसा एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली स्टेशन पs ना रुकी
  • नया मार्ग: दिल्ली शाहदरा के रास्ते
  • लागू तिथि: 17 अगस्त, 2025
  • दिल्ली स्टेशन आगमन: 10:50 बजे, प्रस्थान: 11:05 बजे

12203 सहरसा–अमृतसर एक्सप्रेस

  • अब नई दिल्ली स्टेशन पs ना रुकी
  • नया मार्ग: दिल्ली शाहदरा के रास्ते
  • लागू तिथि: 18 अगस्त, 2025
  • दिल्ली स्टेशन आगमन: 1:55 बजे, प्रस्थान: 2:10 बजे

गोरखपुर के यात्रियन से अपील कइल गइल बा कि उ लोग यात्रा से पहिले एह परिवर्तनन के जानकारी अवश्य ले लीं आ अपन योजना अपडेट समयसारणी के मोताबिक बनाईं।

Read Also: Gorakhpur News: पशु तस्कर पुलिस पs कइलें पथराव, एगो दारोगा आ सिपाही घायल; देर रात के घटना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-