[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: एह बेर 9500 अंक के होई स्वच्छ सर्वेक्षण, कई मानक में भी भइल बदलाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह बेर यानी 2023 के स्वच्छ सर्वेक्षण 9500 अंक के होई। पिछला बेर के तुलना में स्वच्छ सर्वेक्षण के कुल अंक में बढ़ोतरी कs दीहल गइल बा। कई मानक में भी बदलाव कs देहल गइल बा। सबसे ज्यादा अंक सर्विस लेवल प्रोग्राम खातिर 4875 अंक निर्धारित कइल गइल बा। पिछला बेर स्वच्छ सर्वेक्षण कुल 7500 अंक के रहल। नगर आयुक्त अविनाश सिंह बतवलें कि एह बेर के स्वच्छ सर्वेेक्षण के थीम कूड़ा से कंचन (वेस्ट टू वेल्थ) बा।

सबसे बेसी अंक सर्विस लेवल प्रोग्रेस खातिर

एह बेर भी सबसे ज्यादा अंक सफाई, स्रोत स्थल पर कूड़ा के निस्तारण, गील कूड़ा के निस्तारण के अलावा सूखल कूड़ा के अल्पीकरण खातिर निर्धारित कइल गइल बा। कुल अंक 9500 में सर्विस लेवल प्रोग्रेस खातिर 4875, सर्टिफिकेशन खातिर 2500 अउर सिटीजन वॉइस खातिर 2475 अंक निर्धारित कइल गइल बा।

प्रमाणीकरण के आधार पर भी मिली 2500 अंक

  • गार्बेज फ्री सिटी
  • सेवन स्टार- वाटर + मैंडेटरी -1250
  • फाइव स्टार ओडीएफ++  मैंडेटरी – 1050
  • थ्री स्टार ओडीएफ प्लस मैंडेटरी – 600
  • वन स्टार ओडीएफ मैंडेटरी – 400
  • ओपन डिफेकेशन फ्री (ओडीएफ) खुलहा में शौच से मुक्त वाटर प्लस सर्टिफाइड -1000
  • ओडीएफ प्लस प्लस सर्टिफाइड -600
  • ओडीएफ प्लस सर्टिफाइड – 400
  • ओडीएफ सर्टिफाइड – 200

सर्विस लेवल प्रोग्रेस (4525)

एह बेर के स्वच्छ सर्वेक्षण में सर्विस लेवल प्रोग्रेस खातिर कुल 4525 अंक निर्धारित कइल गइल बा। एके तीन श्रेणी में बांटल गइल बा। एहमें अलग-अलग कूड़ा कलेक्शन, कूड़ा के वैज्ञानिक तरीका से निस्तारण अउर पानी के फिर से इस्तेमाल अउर सफाई मित्र सुरक्षा आदि के शामिल कइल गइल बा।

उहवें, कूड़ा के पृथक्करण खातिर कुल 7 मानक बनावल गइल बा अउर एकरे खातिर 1750 अंक निर्धारित कइल गइल बा। कूड़ा के वैज्ञानिक तरीका से निस्तारण खातिर कुल 13 मानक बनावल गइल बा अउर एकर अंक 1830 निर्धारित कइल गइल बा। पानी के फिर से इस्तेमाल अउर सफाई मित्र की सुरक्षा के मानक खातिर कुल 945 अंक निर्धारित कइल गइल बा।

सिटीजन वॉइस (2475)

लोग के सहभागिता के महत्व देत एह बेर स्वच्छ सर्वेक्षण में सिटीजन वॉइस श्रेणी खातिर कुल 2475 अंक निर्धारित कइल गइल बा। एहमें सिटीजन फीडबैक खातिर 600 अंक, लोग के सहभागिता खातिर 650 अंक, इनोवेशन एंड बेस्ट प्रैक्टिसेज खातिर 200 अंक, स्वच्छता एप खातिर 550 अंक, डिजास्टर एकेडमिक रिस्पांस प्रिपरेशंस खातिर 150 अंक निर्धारित कइल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]