Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टाटा ग्रुप करी 150 आईटीआई के कायाकल्प, मुख्यमंत्री देहलें सहमति, खर्च होई 4000 करोड़ रुपया

110

टाटा ग्रुप प्रदेश के 150 राजकीय आईटीआई के कायाकल्प करी। समूह से जुड़ल 16 से अधिक प्रतिष्ठित कंपनी एकरे खातिर 4000 करोड़ रुपया के राशि खर्च करी। उहवें प्रदेश सरकार के ओर से 1190 करोड़ रुपया के राशि खर्च कइल जाई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ टाटा समूह के एह प्रस्ताव के मंजूरी देहले के साथ ही एके जल्दी कार्यान्वित करावे के निर्देश दिहल गइल बा।

व्यावसायिक शिक्षा अउर कौशल विकास विभाग के समीक्षा बैठक में मुख्यमंत्री के एकर जानकारी विभागीय मंत्री कपिल देव अग्रवाल अउर प्रमुख सचिव सुभाष चंद्र शर्मा देहलें। ऊ बतवलें कि एह उन्नयन के अंतर्गत आधुनिक तकनीक से नवीन निर्माण काम कइल जाई। सथही ऑटोमेटिक मशीन अउर उपकरण से आईटीआई के सुसज्जित कइल जाई।

हर संस्थान में 11 नयका ट्रेड अउर 23 शॉर्ट टर्म कोर्स शुरु कइल जाई। एकरे अलावा बैठक में पीपीपी मॉडल पर 24 नयका राजकीय आईटीआई शुरू करे अउर चार के शुरुआत के सथही चार के प्रक्रिया जारी होखले के जानकारी दीहल गइल। एह पर मुख्यमंत्री कार्य में तेजी लावे के कहनें। ओडीओपी योजना के तहत प्रशिक्षण में युवा लोग के अधिक से अधिक प्रशिक्षित करे अउर महिला के प्रोत्साहन देवे खातिर कहलें।

खाली पद के भरले के निर्देश

मुख्यमंत्री समीक्षा के दौरान आईटीआई में प्रशिक्षकन के खाली पद के भरले में हो रहल देरी पर नाराजगी जतावत कार्यवाही तेज करे के निर्देश दिहलें। साथही उद्योगन के मांग के अनुरूप प्रशिक्षण देवे खातिर कहलें। ऊ निर्माण कार्य के प्रगति पर भी नाखुशी जाहिर कइलें। साथही आईटीआई भवन के निर्माण कार्य तेजी से करावे खातिर कहलें।

370620cookie-checkटाटा ग्रुप करी 150 आईटीआई के कायाकल्प, मुख्यमंत्री देहलें सहमति, खर्च होई 4000 करोड़ रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.