कांग्रेस CEC के दिल्ली में आज बैठक: अमेठी आ रायबरेली सीट पs प्रत्याशी के लेके होई चर्चा; राहुल-प्रियंका के नाम के ऐलान संभव

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

कांग्रेस के केंद्रीय चुनाव समिति (CEC) के सनीचर (27 अप्रिल) के दिल्ली में बैठक हो। एमे यूपी के अमेठी आ रायबरेली के अलावा बाचल लोकसभा सीटन पs प्रत्याशियन के नाम पs चरचा होई। अमेठी से

Share

कांग्रेस के केंद्रीय चुनाव समिति (CEC) के सनीचर (27 अप्रिल) के दिल्ली में बैठक हो। एमे यूपी के अमेठी आ रायबरेली के अलावा बाचल लोकसभा सीटन पs प्रत्याशियन के नाम पs चरचा होई। अमेठी से राहुल आ रायबरेली से प्रियंका के नाम पs अंतिम मुहर लाग सकत बा।

कांग्रेस अभी ले 317 लोकसभा सीटन खातिर उम्मीदवारन के घोषणा कs चुकल बिया। लोकसभा चुनाव खातिर दु फेज के वोटिंगो हो चुकल बा। एकरा संगही 11 राज्य आ तीन UT के सब सीटन पs वोटिंगो पूरा हो गइल बा।

अमेठी से राहुल, रायबरेली से प्रियंका के चुनाव लड़ल लगभग तय

अमेठी से राहुल गांधी आ रायबरेली से प्रियंका गांधी के चुनाव लड़ल तय मानल जा रहल बा। कांग्रेस एह दुनो सीटन पs इंटरनल सर्वे करवले बिया। एकरा रिपोर्ट के आधार पs तय भइल कि दुनो सीटन पs गांधी परिवार से ही प्रत्याशी उतारल जाई। प्रियंका जदि रायबरेली से उतरत बाड़ी, तs ई उनकर पहिला चुनाव होई।

राहुल गांधी दु बेर अमेठी से लोकसभा सांसद रहल बाड़ें। 2019 में भाजपा के स्मृति ईरानी उनका इहां से चुनाव हरवले रहली। फिलहाल, राहुल वायनाड (केरल) से सांसद बाड़ें। ऊ पिछला बेर के तरे अमेठी आ वायनाड, दुनो सीटन पs चुनाव लड़ सकत बाड़ें।

वायनाड में 26 अप्रिल के दूसरका फेज में वोटिंग चुकल बा। अमेठी आ रायबरेली में पांचवां फेज में 20 मई के वोटिंग होई। दुनो सीटन पs नामांकन के आखिरी तारीख तीन मई बा। सूत्रन के मोताबिक, राहुल-प्रियंका 30 अप्रिल तक नामांकन कs सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.