एह बेर यानी 2023 के स्वच्छ सर्वेक्षण 9500 अंक के होई। पिछला बेर के तुलना में स्वच्छ सर्वेक्षण के कुल अंक में बढ़ोतरी कs दीहल गइल बा। कई मानक में भी बदलाव कs देहल गइल बा। सबसे ज्यादा अंक सर्विस लेवल प्रोग्राम खातिर 4875 अंक निर्धारित कइल गइल बा। पिछला बेर स्वच्छ सर्वेक्षण कुल 7500 अंक के रहल। नगर आयुक्त अविनाश सिंह बतवलें कि एह बेर के स्वच्छ सर्वेेक्षण के थीम कूड़ा से कंचन (वेस्ट टू वेल्थ) बा।
सबसे बेसी अंक सर्विस लेवल प्रोग्रेस खातिर
एह बेर भी सबसे ज्यादा अंक सफाई, स्रोत स्थल पर कूड़ा के निस्तारण, गील कूड़ा के निस्तारण के अलावा सूखल कूड़ा के अल्पीकरण खातिर निर्धारित कइल गइल बा। कुल अंक 9500 में सर्विस लेवल प्रोग्रेस खातिर 4875, सर्टिफिकेशन खातिर 2500 अउर सिटीजन वॉइस खातिर 2475 अंक निर्धारित कइल गइल बा।
प्रमाणीकरण के आधार पर भी मिली 2500 अंक
- गार्बेज फ्री सिटी
- सेवन स्टार- वाटर + मैंडेटरी -1250
- फाइव स्टार ओडीएफ++ मैंडेटरी – 1050
- थ्री स्टार ओडीएफ प्लस मैंडेटरी – 600
- वन स्टार ओडीएफ मैंडेटरी – 400
- ओपन डिफेकेशन फ्री (ओडीएफ) खुलहा में शौच से मुक्त वाटर प्लस सर्टिफाइड -1000
- ओडीएफ प्लस प्लस सर्टिफाइड -600
- ओडीएफ प्लस सर्टिफाइड – 400
- ओडीएफ सर्टिफाइड – 200
सर्विस लेवल प्रोग्रेस (4525)
Comments are closed.