जूनियर एशियन वॉलीबॉल में चमकल गोरखपुर के सितारा, भारतीय टीम के मिलल कांस्य पदक

Share

ईरान के तेहरान में 15 से 22 अगस्त ले आयोजित जूनियर एशियन वॉलीबॉल चैंपियनशिप में भारतीय टीम कांस्य पदक हासिल कइलें बा। टीम के पदक दियवले में गोरखपुर के अतुल सिंह के संगे मऊ के कुश सिंह अउरी सहारनपुर के आदित्या राणा अहम भूमिका निभवलें बानें।

गगहा के मंझरिया गांव निवासी किसान जय बहादुर सिंह के पुत्र अतुल बचपने से खेल में आपन प्रतिभा के चमक बिखेर रहल बानें। माई संगीता सिंह शिक्षा मित्र हई। माई-बाऊजी के मार्गदर्शन अउरी उत्साहवर्धन अतुल के हमेशा निम्मन कइले खातिर प्रेरित कइलें बा।

शुरुआत में अतुल के वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज में चयन भइल। उहां से प्रशिक्षण लेहलें के बाद उ रीजनल स्पोर्ट्स स्टेडियम में भी प्रैक्टिस कइलें रहनें। एकरे पहिले उनकर चयन सब जूनियर, जूनियर मिनी स्कूल सहित सात बेर उत्तर प्रदेश के टीम में भइल रहे।

भारतीय टीम के उपलब्धि पर जिला वॉलीबॉल संघ के सचिव बैजनाथ मिश्र के अलावा उतर प्रदेश वॉलीबॉल एसोसिएशन के सचिव सुनील तिवारी, कोषाध्यक्ष श्रीकुमार मिश्र, संयुक्त सचिव अजय राय, संयुक्त सचिव रवीन्द्र दुबे, रमेश राय, संदीप पुंडीर, रेखा यादव, रिया त्रिपाठी, विष्णु सिंह आदि लोग उनका के बधाई देहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-