Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lausanne Diamond League: नीरज चोपड़ा जीतले डायमंड लीग, ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय

Lausanne Diamond League: नीरज चोपड़ा  नीरज चोपड़ा लुसाने डायमंड लीग जीते वाला पहिला भारतीय बन गइल बाड़ें। नीरज चोपड़ा 89.08 मीटर के अपना पहिला थ्रो के संगे लुसाने डायमंड लीग जीत लेले बाड़ें।

473

ओलंपिक चैंपियन भाला फेंक खिलाड़ी नीरज चोपड़ा सुक के एगो आउर ऐतिहासिक उपलब्धि हासिल कs लेले बाड़े। नीरज चोपड़ा लुसाने डायमंड लीग 2022 जीते वाला पहिला भारतीय बन गइल बाड़ें। नीरज चोपड़ा 89.08 मीटर के अपना पहिला थ्रो के संगे लुसाने डायमंड लीग जीत लेले बाड़े।

हाले में नीरज भारत के वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप में रजत पदक दिलवले रहस। अंजू बॉबी जॉर्ज (2003) के बाद ऊ अइसन करे वाला खाली दुसरका एथलीट बनले। फाइनल में नीरज 88.13 मीटर दूर तक भाला फेंकले रहस आ रजत पदक अपना नामे कइलें रहस।

फाइनल में लागल रहे चोट

वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप में जेवलिन फाइनल के दौरान नीरज चोपड़ा के चोट लागल रहे। फाइनल में नीरज अपना जांघ पs पट्टी लपेटत नजर आइल रहलें। ओहि चोट के वजह से नीरज कॉमनवेल्थ गेम्स में हिस्सा ना ले पवले रहस।

डायमंड लीग के ताज जीते वाला पहिला भारतीय
हरियाणा में पानीपत के पास खंडरा गांव के रहे वाला नीरज चोपड़ा डायमंड लीग के ताज जीते वाला पहिला भारतीय बन गइल बाड़े। ओहिजा चोपड़ा से पहिले, डिस्कस थ्रोअर विकास गौड़ा डायमंड लीग मीटिंग में शीर्ष तीन में रहे वाला एकमात्र भारतीय बाड़े, गौड़ा दु बेर 2012 में न्यूयॉर्क में आ 2014 में दोहा में दूसरा आ 2015 में शंघाई आ यूजीन दुनु मौकन पs तीसरा स्थान पs रहल रहलें।

टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता जैकब वाडलेज्च 85.88 मीटर के सर्वश्रेष्ठ थ्रो के संगे दूसरा स्थान पs रहले, जबकि यूएसए के कर्टिस थॉम्पसन 83.72 मीटर के सर्वश्रेष्ठ प्रयास के संगे तीसरा स्थान पs रहले।

चोपड़ा 7 आ 8 सितंबर के ज्यूरिख में डायमंड लीग फाइनल के खातिर क्वालीफाईयो कइलें। ऊ अइसन करे वाला पहिला भारतीय बनले। ऊ बुडापेस्ट, हंगरी में 2023 विश्व चैंपियनशिप खातिर 85.20 मीटर क्वालीफाइंग मार्क के तुरके क्वालीफाई कइलें।

314130cookie-checkLausanne Diamond League: नीरज चोपड़ा जीतले डायमंड लीग, ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.