DDU: गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्रिकेट टीम के चयन 26 जनवरी के

Minee Upadhyay
गोरखपुर विश्वविद्यालय

गोरखपुर विश्वविद्यालय: के आई आई टी भुवनेश्वर में दिनांक 11 फरवरी से आयोजित पूर्वी क्षेत्र अंतर विश्वविद्यालय क्रिकेट (पुरुष ) प्रतियोगिता 2024- 25 हेतु दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्रिकेट (पुरुष) टीम के चयन दिनांक 26 जनवरी 2025 के दुपहरिया 12:00 बजे से विश्वविद्यालय क्रीड़ाँगन में संपन्न होई l


इs जानकारी विश्वविद्यालय क्रीड़ा परिषद के सचिव डॉ राज वीर सिंह दिहले, आ बतवले कि “चयन /ट्रायल में भाग लेवे के इच्छुक छात्र आपन हाई स्कूल से अब ले के समस्त मूल अंक पत्र, शुल्क रसीद,आधार कार्ड एगो फोटो, परिचय पत्र आ महाविद्यालय के प्रतिभागी आपन प्राचार्य द्वारा लिखित अधिकार पत्र के साथे निश्चित समय आ स्थान पs उपस्थित होखे.”

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।