Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: बकाया बिजली बिल के मांग करे पs पतोह सास आ ससुर के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवलस – पहिले बना चूकल बिया दबाव

44

सास बतवलख कि बिल ना चुकावे के चलते बिजली कंपनी रोज बकाया वसूली करे आवेले। जब ऊ पईसा के मांग कइले तs पतोह नीलम आपन माथा देवाल से टकरा के खुद के ज़ख्मी कs लेलख आ थाना में जाके उनका पs पिटाई के आरोप लगावत उनका खिलाफ मुकदमा दर्ज करवलस। सास के आरोप बा कि पतोह ओकरा के फंसावे के कई बेर कोशिश कs चुकल बिया। ऊ पहिलही से जहर के सेवन करे के भा बिजली के तार पकड़ के आत्महत्या करे के धमकी देले बिया।

खोराबर इलाका में पइसा ना दिहला पर सास, ससुर आ भउजाई के पीट-पीट आ पतोह के घायल होखे के सच्चाई के पता चलला के बाद एगो चौंकावे वाला मामिला सामने आइल बा । परिवार के लोग के मुताबिक 90 हजार रुपया के बिजली बिल के बकाया मांगल उनका खातीर महंगा साबित भइल। सास आ ससुर के कहनाम बा कि पईसा मांगे के आरोप में मारपीट के मामला दर्ज हो गइल बा।

जानकारी के मुताबिक खोराबर इलाका के दर्शनवा नंबर 2 निवासी नीलम देवी पुलिस में शिकायत दर्ज करवली कि उनकर ससुर रामभूआल, सास सरस्वती आ ननद ज्योति के पीट-पीट के चोटग्रस्त कs देले बा लोग।

आरोप बा कि ऊ अक्सर उनका से पईसा मांगेले। पईसा ना देवे के चलते पिटाई करेले। घटना के असलियत जाने खातिर जब टीम गांव पहुंचल तs पता चलल कि ससुर रामभुआल राजमिस्त्री के काम करेले। ऊ काम पर चल गइल रहले।

घर में मौजूद सास सरस्वती बतवली कि उनकर दुनो बेटा अजय आ विजय एकही घर में रहेले। लड़िका आ ऊ आदमी दुनु अलगा अलगा रहेला, सबकर खाना फरका बनावल जाला । घर के बिजली कनेक्शन उनका नाम से बा। बिजली के बिल 90 हजार रुपया रहे।

सबके बिजली खपत कइला के बाद दुनो लईका से अलग-अलग बिजली के बिल चुकावे खातीर पईसा के मांग कइले। पईसा ना देला पs रामभुआल अपना हिस्सा के 33 हजार रुपया के बिल जमा कs देले।

बिल ना चुकावे के चलते बिजली कंपनी रोज बकाया वसूली आवेले। जब ऊ पईसा के मांग कइले तs पतोह नीलम आपन माथा देवाल से टकरा के घायल कs देली आ थाना में जाके उनकरा पs पिटाई के आरोप लगावत उनका खिलाफ मुकदमा दर्ज करवली। सास के आरोप बा कि पतोह ओकरा के फंसावे के कई बेर कोशिश क चुकल बिया। ऊ पहिलही से जहर के सेवन करे के भा बिजली के तार पकड़ के आत्महत्या करे के धमकी देले बिया।

एक बेर तs फंदा से लटके तक के कोशिश कइली। ऊ साल 2019 में एसएसपी के आवेदन देके एकर शिकायत कइले रहली।

गोंडा अपना माई के लगे चल गईल बिया पतोह।

सास, ससुर आ ननद के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावे वाली पतोह नीलम देवी घर में ना मिलल। पूछताछ में पता चलल कि ऊ अपना महतारी के संगे रहे खातीर गोंडा चल गइल बिया। ओकर पति राजमिस्त्री के काम करेला। उहो काम पर चल गइल रहे।

847890cookie-checkGorakhpur News: बकाया बिजली बिल के मांग करे पs पतोह सास आ ससुर के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवलस – पहिले बना चूकल बिया दबाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.