Gorakhpur News : दयानंद टी-10 क्रिकेट प्रतियोगिता के भव्य सुभारंभ, महिला टी-10 में सुपरनोआज बनल विजेता

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज के क्रीड़ांगन में सनिचर के दू दिन के दयानंद टी-10 क्रिकेट प्रतियोगिता के भव्य सुभारंभ भइल। प्रतियोगिता के उद्घाटन प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ डाॅ. क्षमता श्रीवास्तव (एमजीपीजी कॉलेज, गोरखपुर) के ओर से संयुक्त रूप से कइल गइल।

पहिला मुकाबला पीजी आ बीसीए टीम के बीच खेलल गइल, जहां बीसीए टीम पीजी के 22 रन से हराके अगिला दौर में प्रवेश कइलस। दूसरका मैच बीए आ बीएससी के बीच भइल, जवना में बीए टीम 41 रन से जीत दर्ज करत फाइनल में पहुंच गइल।

छात्रा वर्ग में सबसे रोमांचक मुकाबला सुपरनोआज आ स्टॉर्मब्रेकर टीम के बीच भइल। एह मैच में सुपरनोआज टीम सानदार प्रदर्शन करत 7 विकेट से जीत हासिल कइलस आ महिला टी-10 विजेता बनल।

एकरा बाद बीसीए आ कॉमर्स टीम के बीच मैच खेलल गइल, जवना में कॉमर्स टीम 8 विकेट से जीत दर्ज करत फाइनल में प्रवेश कइलस। अब फाइनल मुकाबला 25 फरवरी 2026 के कला संकाय आ कॉमर्स संकाय के बीच खेलल जाई।

मैच के दौरान अंपायर के भूमिका में डाॅ. शिवम श्रीवास्तव, डाॅ. संजय कुमार, डाॅ. विश्वदीपक, दृष्टि, राजीव कुमार आ चन्द्रसेन रहल लोग। प्रतियोगिता के सफल आयोजन में क्रीड़ाध्यक्ष डाॅ. संजय कुमार सहित महाविद्यालय के शिक्षक-शिक्षिका, कर्मचारी आ छात्र-छात्रा लोगन के सराहनीय जोगदान रहल।

कमेन्ट्री के जिम्मा डाॅ. संजय श्रीवास्तव, डाॅ. शत्रुघ्न सिंह आ डाॅ. संजय कुमार मिश्र संभारल लोग। पूरा महाविद्यालय परिवार आ बड़ संख्या में छात्र-छात्रा मवजूद रहे लोग, जवन कार्यक्रम के उत्साह आ गरिमा के बढ़वलस।

Read Also: Odisha Road Accident : ट्रक से टकराइल PCR वैन, 5 पुलिसकर्मी शहीद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-