Gorakhpur News: गोरखपुर बाल संप्रेक्षण गृह में पड़ल छापा तऽ मचल हड़कंप, पुलिस बरामद कइलस अइसन चीज जान के हो जाइब हैरान

Share

Gorakhpur News जिला जज के नेतृत्व में पुलिस आ प्रशासन के एक-एक अधिकारी हर माह बाल संप्रेक्षण गृह के निरीक्षण करेला। एकरा बादो बच्चन के लगे अवैध रूप से मोबाइल फोन समेत अन्य सामान के पहुंचला पऽ लगाम नइखे लाग पावत। 27 मार्च 2023 के टीम के निरीक्षण के दौरान 25 मोबाइल फोन बरामद भइल रहें।

गोरखपुर। सूर्यकुंड स्थित बाल संप्रेक्षण गृह में रहत बच्चन के लगे उहाँ कार्यरत चतुर्थ श्रेणी के कर्मचारी मोबाइल फोन पहुंचावेला। बुध के जनपद न्यायाधीश तेज प्रताप तिवारी, मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट आदर्श श्रीवास्तव आ पुलिस अधीक्षक नगर कृष्ण कुमार बिश्नोई छापेमरले एक बार फेर से दू गो मोबाइल फोन आ चार्जर बरामद भइल। जांच में कर्मचारी के हाथ पावल गइल। एसपी सिटी बतवले कि जांच टीम जलदिए कर्मचारी के विरुद्ध कार्रवाई हाई।

एपर जिला जज उहाँ के व्यवस्था पऽ असंतोष व्यक्त करत  जिम्मेदारन से सवाल जबाब कइले तऽ संप्रेक्षण गृह के अधीक्षक बगला झांगे लगले। फटकार के बाद कुछ दिन तक फोन समेत आउर चीजन पऽ प्रतिबंध रहल बाकिर एक बार फेर मोबाइल फोन आ आआउर समान बरामद होखे लागल बा।

23 मार्च 2023 के मिलल रहें मोबाइल फोन

जिला जज 23 मार्च, 2023 के पुलिस आ प्रशासन के अधिकारी लो के साथे बाल संप्रेक्षण गृह के निरीक्षण कइल गइल। ए दौरान बाल अपचारियन के लगे से 22 मोबाइल फोन, चार्जर, बैटरी, ईयरफोन आ गुटखा बरामद भइल। जिला जज के निर्देश पऽ तिवारीपुर थाना पुलिस ने बरामद भइल सामान के कब्जा में लिहल गइल। एडीएम सिटी दोषियन पऽ कार्रवाई खातिर शासन के रिपोर्ट भेजले रहें।

बिजली के बोर्ड से बरामद भइल रहें मोबाइल फोन

जज के साथे पहुंचल अधिकारी लो जब जांच कइलस तऽ बाल आपचारी लो आलमारी, बिस्तर के साथे बिजली के बोर्ड के अंदर मोबाइल फोन छिपा के रखले रहें। अधिकारी लो बाल संप्रेक्षण गृह में लागल बिजली के एक-एक बोर्ड के खोलवा के ओमें से तीन-तीन, चार-चार मोबाइल फोन बरामद कइल गइल रहें। एही दौरान 25 मोबाइल फोन बरामद कइल गइल।

साभार – जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-