[the_ad_group id="30365"]

Lok Sabha Election 2024: बंगाल खातिर चुनाव आयोग के प्लान… AI से राखल जाई नजर, हिंसा रोके खातिर बनावल गइल ई नीति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bangal election: बंगाल में लोकसभा चुनाव निष्पक्ष शांतिपूर्ण आ निर्बाध संपन्न करावल चुनाव आयोग खातिर बड़ चुनौती बा। आयोग की ओर से मंगर के जानकारी मिलल कि लोकसभा चुनाव में बंगाल के सब बूथन पऽ वेबकास्टिंग करावल जाई। साथहीं आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस(एआइ) तकनीको के इस्तेमाल कइल जाई। राजनीतिक पर्यवेक्षकों के मुताबिक ए फैसले से देश के आउर राज्यन के तुलना में बंगाल के विशेष महत्व मिले के पता चल रहल बा।

कोलकाता। चुनाव में कवनो तरह के गड़बड़ी ना होखे  एकरा खातिर आयोग के ओर से कई गो कदम उठावल जा रहल बा।

आयोग के ओर से मंगर के जानकारी मिलल कि लोकसभा चुनाव में बंगाल के सब बूथन पऽ वेबकास्टिंग करावल जाई। साथही आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस(एआइ) तकनीको के इस्तेमाल कइल जाई।

बूथ-टू-बूथ वेबकास्टिंग

आयोग चुनावों में पारदर्शिता लिआवे खातिर बूथ-टू-बूथ वेबकास्टिंग शुरू कइलस, चाहे उऽ लोकसभा होखे भा विधानसभा। बूथन पऽ का चल रहल बा, के वोट देवे आ रहल बा , कवनो गड़बड़ी हो रहल बा भा ना , एपर नजर राखे खातिर आयोग ई वेबकास्टिंग प्रक्रिया शुरू कइले बा।

ऑनलाइन राखल जाई नजर

मूलतः ई निगरानी आनलाइन कइल जाला। लोकसभा चुनाव के घोषणा करत देश के मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले रहलें कि ए बेरी चुनाव में कवनो तरह के गड़बड़ी भा भ्रम बर्दाश्त ना कइल जाई। उऽ अशांति के रोके खातिर ई कुल उपाय के बारे बातो कइले। एकरा अलावा राजीव केंद्रीय बल के तैनाती, वेब कास्टिंग पऽ जोर कसे के इसारा कइले।

निर्वाचन अधिकारियन से मांगल गइल जानकारी

सूत्रन के मोताबिक, संवेदनशील बूथन के पहचान कर के कवना बूथ के वेबकास्टिंग कइल जाई- एपर सब केहू के ठीक करे खातिर आयोग ने हालहिं में जिलाधिकारियन आ जिला निर्वाचन अधिकारियन से जानकारी मंगले रहलें। वो जानकारी के आधार पऽ रिपोर्ट तइयार कइल गइल। पहिलहिं कहल गइल रहे कि राज्य के खाली संवेदनशील बूथने पऽ वेब कास्टिंग के व्यवस्था कइल जाई बाकिर मंगर के आयोग के ओर से जानकारी मिलल कि राज्य के 100 प्रतिशत बूथन पऽ वेब कास्टिंग होई।

2021 में बंगाल विधानसभा चुनाव के दौरान बूथ-टू-बूथ वेबकास्टिंगो के  व्यवस्था कइल गइल रहें। हालांकि, विधानसभा के खाली 50.31 प्रतिशत बूथ पऽ ई व्यवस्था रहें। अबकि बेर एकरा के बढ़ा के 100 प्रतिशत कर दिहल गइल बा। यानी ए बेर राज्य के 80 हजार 530 बूथ पऽ वेब कास्टिंग कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]