Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर समाचार : भाजपा सांसद कमलेश समेत सात आरोपी के अपील खारिज, 15 दिन के भीतर आत्मसमर्पण के आदेश

विशेष न्यायाधीश एमपी/एमएलए नम्रता अग्रवाल बांसगांव के सांसद कमलेश पासवान समेत सात आरोपी के खिलाफ विचारण न्यायालय के ओर से दिहल गईल सजा के फैसला के कायम राखत अपील के खारिज क देले बाड़ी। संगही 15 दिन के भीतर आत्मसमर्पण करे के आदेश दिहल गईल।

884

विशेष न्यायाधीश सांसद/विधायक नम्रता अग्रवाल बांसगांव के सांसद कमलेश पासवान समेत सात आरोपी के खिलाफ विचारण न्यायालय के ओर से दिहल गईल सजा के फैसला के कायम राखत अपील के खारिज क देले बाड़ी। न्यायाधीश सांसद समेत सातों लोग के 15 दिन के भीतर अपर मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट के सोझा आत्मसमर्पण क सजा के सामना करे के आदेश देले बाने |

1 साल 6 महीना के जेल के सजा

ए मामला में अधीनस्थ अदालत 26 नवंबर 2022 के दिहल अपना फैसला में कमलेश पासवान, सुनील पासवान, महेश पासवान, चंद्रेश पासवान, रामबृक्ष यादव, राम आसरे निषाद आ खुदुस उर्फ घुहुस के एक साल आ 6 महीना के जेल आ..दो हजार रुपये अर्थदंड से दण्डित कइल जाइ

अदालत में आरोपी के ओर से पेश अपील के विरोध करत विशेष लोक अभियोजक सांसद/विधायक शैलेश त्रिपाठी अधीनस्थ अदालत से पारित उक्त फैसला के उचित अउरी कानून के मुताबिक बतवले। ए मामला के पहिला सूचना रिपोर्ट प्रभारी पुलिस चौकी मेडिकल कॉलेज के उपनिरीक्षक जगदीश मौर्य दर्ज करवले।

512660cookie-checkगोरखपुर समाचार : भाजपा सांसद कमलेश समेत सात आरोपी के अपील खारिज, 15 दिन के भीतर आत्मसमर्पण के आदेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.